लांगलबंध

विकिपीडिया से
(लांगलबाँध से अनुप्रेषित)

लांगलबंध, लांगल बांध भा लांगलबांध (बंगाली: লাঙ্গলবন্দ) बांग्लादेस के नारायानगंज जिला में एगो अस्थान बाटे।[1] एकर नाँव संस्कृत के लांगल (हर या हल) आ बंध (रुक जाइल, बन्हा जाइल) से बनल बाटे जेकर मतलब होला "जहाँ हर रुक गइल रहे"। ई जगह हिंदू लोगन खातिर पबित्र बाटे आ हर साल इहाँ बांग्लादेस के आ बगल के देस भारत आ नेपाल से काफी लोग नहान करे आवे ला आ सालाना मेला लागे ला।

साल 2015 में इहाँ के मेला में भगद्दड़ मचि गइल रहे जेवना से कई लोग मू गइल आ बहुत लोग घाही भइल।[2]


संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "লাঙ্গলবন্দ". narayanganj.gov.bd (Bengali में). Retrieved 18 दिसंबर 2015.[मुर्दा कड़ी]
  2. शर्मा, आशीष (27 मार्च 2015). "ढाका के लांगल-बांध पर मची भगदड़ में 7 महिलाओ समेत 10 मरे, बद्दतर इन्तेजाम का नतीजा". दि रेड न्यूज. Retrieved 18 दिसंबर 2015.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]