Jump to content

रिसर्च मेथोडोलॉजी

विकिपीडिया से
(रिसर्च मेथड से अनुप्रेषित)


रिसर्च मेथोडोलॉजी (research methodology) चाहे मेथडोलॉजी (methodology), अपना सभसे आम अर्थ में, रिसर्च के तरीका (मेथड) सभ के अध्ययन हवे।

ई बिसय बिसेस से मजबूती से जुड़ल होखे ला; कौनों बिसय बिसेस के रिसर्च मेथोडोलॉजी ओह में इस्तेमाल होखे वाला बिधि चाहे तरीका सभ (मेथड सभ) के बेवस्थित आ सैधांतिक बिस्लेषण हऽ। अलग-अलग बिसय (ज्ञान के शाखा) सभ में रिसर्च करे खातिर अलग-अलग किसिम के तरीका सभ के इस्तेमाल होला, एह तरीका सभ के बारे में डिटेल में आ बेवस्थित (सिस्टमेटिक) ढंग से सैद्धांतिक बिस्लेषण ओह बिसय के रिसर्च मेथडोलॉजी हवे।

हिंदी में मेथोडोलॉजी के विधितंत्र, शोध-पद्धति अनुसंधान प्राविधि, चाहे अनुसंधान प्रणाली कहल जाला।