रिपब्लिक
Appearance
लोकतंत्र, गणतंत्र या रिपब्लिक (Republic) एगो संप्रभु राज्य या देश होला[1] जवना के सरकार के या शासन के रूप अइसन होला जेह में शक्ति के प्रयोग के अधिकार जनता के द्वारा चुनल प्रतिनिधि लोग से बनल संस्था के हाथ में होला[2][3] आ एह संस्था या सरकार के प्रमुख शक्ति के प्रयोग क़ानून के शासन के अंदर रहि के करे ला।
आधुनिक समय में कौनों लोकतंत्र के परिभाषा आमतौर पर एगो सरकार होला आ राजा के एकरा से बाहर रखल जाला।[3][4] वर्तमान में, दुनिया के 206 संप्रभु राज्यन में से 147 के आधिकारिक नाँव में "रिपब्लिक" शब्द के उपयोग होत बाटे; बाकी ई सगरी एक्के नियर अरथ में लोकतंत्र नइखें, ना सगरी अइसन देसन में चुनल गइल सरकार बाटे, न सगरी चुनल सरकार एक्के नियर अरथ में लोकतंत्र के इस्तेमाल करे लीं।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Republic - Definition of Republic by Merriam-Webster". Retrieved 9 जून 2016.
- ↑ "republic - government". Encyclopedia Britannica.
- ↑ 3.0 3.1 "Republic". Merriam-Webster. Retrieved 9 जून 2016.
- ↑ "republic", WordNet 3.0, Dictionary.com, retrieved 9 जून 2016
ई लेख राजनीति की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |