मदद:टेम्पलेट
टेम्पलेट अर्थात खाँचा। टेम्पलेट एगो अईसन विकिकोड में लिखल प्रोग्राम ह जवन एक साथ कईयन पेज पर प्रदर्शित कइल जा सकत बा। टेम्पलेट के विकिकोड में लिख के सुरक्षित कर देला के बाद कउनो लेख में जब आवश्यक टेम्पलेट के प्रदर्शित करे के होला त टेम्पलेट के नाम लिख के पाईप (|) देकर के ओकरा पैरामिटर के नाम लिखल जायेला ओकरा बाद बराबर के चिन्ह् (=) डाल कर के आगे के वस्तु लिखल जायेला। उदाहरणार्थः
{{|व्यक्ति परिचय | नाम = | पिता के नाम = | घर के पता = | कार्य = | फोन नम्बर = |}}
बराबर के आगे इच्छित शब्द भर के सुरक्षित कर के एक ही टेम्पलेट के कई लेखवन में प्रयोग करल जा सकत बा।
पैरामिटर[संपादन]
नम्बर पैरामिटर के साथ | |
'''एगो छोट धन्यवाद...'''<br /> <small>{{{1}}} खातिर।<br /> नमस्कार, {{{2}}}</small> | |
आप टाईप करब | अईसन दिखी |
{{धन्यवाद|आप द्वारा कईल गईल कड़ा मेहनत|गणेश}}
|
|
नामित पैरामिटर के साथ | |
'''एगो छोट धन्यवाद...'''<br /> <small>{{{कारण}}} खातिर।<br /> नमस्कार, {{{हस्ताक्षर}}}</small> | |
आप टाईप करब | अईसन दिखी |
{{धन्यवाद |कारण=आप द्वारा कईल गईल कड़ा मेहनत |हस्ताक्षर=गणेश}} |
टेम्पलेट में पैरामिटर के परिभाषित करे खातिर या त नम्बर {{{1}}}
या नाम {{{पैरामिटर}}}
के प्रयोग करल जा सकत बा।
उदाहरण: आप एगो छोट सूचना बना के दोसर सदस्य के वार्ता पन्ना पर चिपकावे के चाहत बानी। जेमे आप कउनो कारण डाले के चाहत बानी आ ओ पर आपन हस्ताक्षर भी छोड़े के चाहत बानी। त आप बना सकत बानी Template:धन्यवाद आपन पाठ्य डालीं, जइसे टेबल के उदाहरण में बा।
जब टेम्पलेट के कउनो पन्ना पर चिपकायेब, तब आप पैरामिटर के वैल्यू में भरब, जवन एगो पाईप करेक्टर (|): से अलग कईल रही।{{धन्यवाद|आप द्वारा कईल गईल कड़ा मेहनत|गणेश}}
. नामित पैरामिटर खातिर प्रयोग करीं "नाम=वैल्यू" जवन पाईप कैरेक्टर के जरिये जोड़ल रही: {{धन्यवाद|कारण=आप द्वारा कईल गईल कड़ा मेहनत|हस्ताक्षर=गणेश}}
. नामित पैरामिटर प्रयोग कईला के ईहे फायदा बा कि क्रमवार करे में इ कुल आरामदायक रहेला। ई से समझे में भी आसानी रहेला। यदि आप नम्बर रख के पैरामिटर के प्रयोग करत बानी त उ के स्पष्ट रुप से लिखे के पड़ी: {{धन्यवाद|2=गणेश|1=आप द्वारा कईल गईल कड़ा मेहनत}}
.
यदि पैरामिटर में से कउनो पैरामिटर के आप पन्ना पर नईखी दिखावे के चाहत त उ पैरामिटर के वैल्यू खाली छोड़ सकत बानी या आप उ पैरामिटर के ना भी लिख सकत बानी। उदाहरण, {{{कारण|आप द्वारा कईल गईल कड़ा मेहनत}}}
जवन अईसे दिखी "आप द्वारा कईल गईल कड़ा मेहनत" यदि कारण खातिर कउनो पैरामिटर नईखे डालल जात।