बिद्यूतभार

विकिपीडिया से

बिद्यूतभार पदार्थ के भउतिक लच्छन होखेला जेकरा चलते होकरा प बिद्यूतचुंबकीय क्षेत्र मे होकरा प बर लागेला। बिद्यूतभार दु परकार के होखेला: घन आ रीन। एक्के लेखा बिद्यूतभार एक दोसरा के धकेलेला बाकिर अलग अलग बिद्यूतभार एक दोसरा के घिचेला। अईसन चिक्ष जेकरा मे बिद्यूतभार ना होखेला होकरा उदासीन कहल जाला।

बिद्यूतभार
VFPt charges plus minus thumb.svg
घन आ रीन बिद्युतभार के बिद्युत क्षेत्र
Common symbols
Q
SI unitकूलंब
Other units
In SI base unitsC = A s
SI dimensionT I
Extensive?हँ
Conserved?हँ

बिद्यूतभार सनरच्छित लच्छन हऽ माने कोनो अलग तंत्र के बिद्यूतभार ना बदलेला। सबएटॉमिक पार्टिकल लगे बिद्यूतभार होखेला। सादा पदार्थ मे, रीन बिद्यूतभार इलेक्ट्रोन लगे होखेला आ घन बिद्यूतभार प्रोटॉन लगे होखॆला। जदि पदार्थ लगे इलेक्ट्रोन प्रोटॉन ले बेसी होला तऽ होकर बिद्यूतभार रीन होला आ जदि प्रोटॉन बेसी होला तऽ घन होला आ बारोबर होखला प उदासीन कहाला।