आर्कियोलॉजी
आर्कियोलॉजी (अंग्रेजी: archaeology) पुराना समय के मनुष्य जीवन आ कामकाज वाली बचल भौतिक चीजन के बैज्ञानिक अध्ययन हवे।[1][2] एह भौतिक चीज सभ में इतिहासी समय के छोट-छोट औजार, हथियार से ले के बड़हन मशीन, आम घरेलू इस्तेमाल के चीज, घर, भवन आ बिल्डिंग नियर सगरी चीजन के अध्ययन कइल जाला आ उनहन के समय निर्धारण आ उनहन के बनावट के आधार पर ओह जमाना के मनुष्यन के सभ्यता-संस्कृति के बारे में जानकारी हासिल कइल जाला। एह तरीका से ई बिज्ञान के अइसन शाखा हवे जे पुरान इतिहासी महत्व के बचल भौतिक चीजन के अध्ययन से ओह जमाना के इतिहास के बारे में जारकारी हासिल करे ला।
एह बिज्ञान के अध्ययन करे वाला आ अइसन किसिम के बैज्ञानिक अध्ययन करे वाला लोगन के आर्कियोलॉजिस्ट कहल जाला। हिंदी में एह बिज्ञान के पुरातत्वशास्त्र चाहे पुरातत्व बिज्ञान[3][4] कहल जाला आ एकरे बैज्ञानिक लोगन के पुरातत्वशास्त्री, पुरातत्ववेत्ता चाहे पुरातत्व वैज्ञानिक कहल जाला।
अइसन जगह जहाँ से पुराना जमाना के अइसन महत्व वाली चीज मिलें, आर्कियोलॉजिकल साइट कहालीं।
संदर्भ[संपादन करीं]
Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.
- ↑ "archaeology | Definition, History, Types, & Facts | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 31 मार्च 2022.
- ↑ "Definition of ARCHAEOLOGY". www.merriam-webster.com (अंग्रेजी में). Retrieved 31 मार्च 2022.
- ↑ "पुरातत्व विज्ञान : इतिहास से गुजरती भविष्य की राह". नई दुनिया (हिंदी में). 21 अगस्त 2015. Retrieved 31 मार्च 2022.
- ↑ "पुरातत्व विज्ञान". BBC News हिंदी (हिंदी में). Retrieved 31 मार्च 2022.
बाहरी कड़ी[संपादन करीं]
![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Archaeology पर मौजूद बा। |
- आर्कियोलॉजिकल सर्वे ऑफ़ इंडिया, भारत के आर्कियोलॉजी सर्वेक्षण बिभाग के वेबसाइट। (अंग्रेजी में)
- आर्कियोलॉजिकल सर्वे ऑफ़ इंडिया, भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण। (हिंदी में)
- Archaeolog.org (अंग्रेजी में)
- Archaeology Times | The top archaeology news from around the world (अंग्रेजी में)
- Council for British Archaeology (अंग्रेजी में)
- The Archaeological Institute of America (अंग्रेजी में)
- The Archaeology Channel (अंग्रेजी में)