रिसर्च मेथोडोलॉजी

विकिपीडिया से
(परनाली से अनुप्रेषित)

रिसर्च मेथोडोलॉजी (अंग्रेजी: research methodology) चाहे मेथडोलॉजी (अंग्रेजी: methodology), अपना सभसे आम अर्थ में, रिसर्च के तरीका (मेथड) सभ के अध्ययन हवे।

ई बिसय बिसेस से मजबूती से जुड़ल होखे ला; कौनों बिसय बिसेस के रिसर्च मेथोडोलॉजी ओह में इस्तेमाल होखे वाला बिधि चाहे तरीका सभ (मेथड सभ) के बेवस्थित आ सैधांतिक बिस्लेषण हऽ। अलग-अलग बिसय (ज्ञान के शाखा) सभ में रिसर्च करे खातिर अलग-अलग किसिम के तरीका सभ के इस्तेमाल होला, एह तरीका सभ के बारे में डिटेल में आ बेवस्थित (सिस्टमेटिक) ढंग से सैद्धांतिक बिस्लेषण ओह बिसय के रिसर्च मेथडोलॉजी हवे।

हिंदी में मेथोडोलॉजी के विधितंत्र, शोध-पद्धति अनुसंधान प्राविधि, चाहे अनुसंधान प्रणाली कहल जाला।