माथा

विकिपीडिया से
(दिमाग से अनुप्रेषित)

माथा (हिंदी: मस्तिष्क, अंग्रेजी: ब्रेन, Brain) देह के एगो अंग होला जे सगरी वर्टीब्रेट जंतु सभ में आ ज्यादातर इन्वर्टीब्रेट जंतु सभ में नर्वस सिस्टम के केंद्र के रूप में काम करे ला। माथा, कपार में मौजूद होला आ एह में बहुत भारी संख्या में न्यूरान होखे लें जे सिनाप्सीज के जरिये सरीर के बाकी हिस्सा से जुड़ल होखे लें।

दिमाग, जंतु सभ में, देखे-सुने वाला अंग, मने की संबेदी अंग सभ के नगीचे मौजूद होला। भौतिक रूप से एकर मुख्य काम होला शरीर के बाकी सगरो अंग पर कंट्रोल रखल।