Jump to content

जूलियन असांज

विकिपीडिया से
(जूलियन असांजे से अनुप्रेषित)
Julian Assange
2014 में असांज
जनम
जुलियन पॉल हॉकिंस
Julian Paul Hawkins

(1971-07-03) 3 जुलाई 1971 (उमिर 55)
टाउंसविले, क्वींसलैंड, आस्ट्रेलिया
महतारी संस्था
  • सेंट्रल क्वींसलैंड युनिवर्सिटी
  • मेलबोर्न युनिवर्सिटी
  • कैनबरा युनिवर्सिटी
पेशा सभ
  • एडिटर
  • प्रोग्रामर
  • राजनीतिक
एक्टिव बरिस1987–अबतक
परसिद्धिविकिलीक्स के अस्थापना
टाइटिलडाइरेक्टर आ एडिटर-इन-चीफ
Criminal status
अदालत में हाजिर ना होखे के आरोप
लंदन में गिरफ्तार
जीवनसंगीs
टेरीजा डोए
(बि. 1989; तला. 1999)
पार्टनरsसारा हैरिसन
(esp. 2009; sep. 2012)
संतान4
अवार्ड आ पुरस्कारपूरा लिस्ट देखीं
दसखत

जुलियन पॉल असांज (Julian Paul Assange; 3 जुलाई 1971) एगो आस्ट्रेलियाई कंप्यूटर प्रोग्रामर, पत्रकार आ विकिलीक्स के संस्थापक आ डाइरेक्टर बाड़े। वर्तमान में ई लंदन में गिरफ्तारी में बाड़ें आ एकरे ठीक पहिले ई सात सालन से लंदन में मौजूद इक्वाडोर के दूतावास में रहत रहलें।

असांज अमेरिकी सरकार से जुड़ल कुछ खुलासा जेकरे बाद से उनका पर अमेरिकी सरकार के खिलाफ़ षड्यंत्र के आरोप बा। अमेरिका के जस्टिस डिपार्टमेंट के आरोप ई बाटे की असांज पहिले रहल एगो अमेरिकी इंटेलीजेंस एनालिस्ट चेल्सी मैनिंग के मदद से गोपनीय दस्तावेज़ डाउनलोड कइलें।

असांज के निर्भीक पत्रकारिता आ पारदर्शिता खाती कई गो पुरस्कार आ इनाम भी मिल चुकल बाड़ें।