जुलियन असांज

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
Julian Assange
RUEDA DE PRENSA CONJUNTA ENTRE CANCILLER RICARDO PATIÑO Y JULIAN ASSANGE - 14953880621.jpg
2014 में असांज
जनम जुलियन पॉल हॉकिंस
Julian Paul Hawkins

(1971-07-03) 3 जुलाई 1971 (उमिर 48)
टाउंसविले, क्वींसलैंड, आस्ट्रेलिया
महतारी संस्था
  • सेंट्रल क्वींसलैंड युनिवर्सिटी
  • मेलबोर्न युनिवर्सिटी
  • कैनबरा युनिवर्सिटी
पेशा
  • एडिटर
  • प्रोग्रामर
  • राजनीतिक
सक्रियता साल 1987–अबतक
परसिद्धि के कारन विकिलीक्स के अस्थापना
मूल शहर मेलबोर्न, विक्टोरिया, ऑस्ट्रेलिया
टाइटिल डाइरेक्टर आ एडिटर-इन-चीफ
राजनीतिक पार्टी
  • निर्दल (2015–अबतक)
  • विकिलीक्स (2012–2015)
आपराधिक स्थिति अदालत में हाजिर ना होखे के आरोप
लंदन में गिरफ्तार
जीवनसाथी
टेरीजा डोए
(बि. 1989; तला. 1999)
पार्टनर सारा हैरिसन
(esp. 2009; sep. 2012)
संतान 4
सम्मान/पुरस्कार पूरा लिस्ट देखीं
दसखत
Julian Assange Autograph.svg

जुलियन पॉल असांज (Julian Paul Assange; 3 जुलाई 1971) एगो आस्ट्रेलियाई कंप्यूटर प्रोग्रामर, पत्रकार आ विकिलीक्स के संस्थापक आ डाइरेक्टर बाड़े। वर्तमान में ई लंदन में गिरफ्तारी में बाड़ें आ एकरे ठीक पहिले ई सात सालन से लंदन में मौजूद इक्वाडोर के दूतावास में रहत रहलें।

असांज अमेरिकी सरकार से जुड़ल कुछ खुलासा जेकरे बाद से उनका पर अमेरिकी सरकार के खिलाफ़ षड्यंत्र के आरोप बा। अमेरिका के जस्टिस डिपार्टमेंट के आरोप ई बाटे की असांज पहिले रहल एगो अमेरिकी इंटेलीजेंस एनालिस्ट चेल्सी मैनिंग के मदद से गोपनीय दस्तावेज़ डाउनलोड कइलें।

असांज के निर्भीक पत्रकारिता आ पारदर्शिता खाती कई गो पुरस्कार आ इनाम भी मिल चुकल बाड़ें।

संदर्भ[संपादन]