ग्लेशियल थलरूप
Appearance

ग्लेशियल थलरूप (Glacial landform) चाहे ग्लेशियर निर्मित थलरूप अइसन थलरूप सभ हवें जिनहन के निर्माण ग्लेशियर के कारण भइल हवे। वर्तमान समय में पावल जाए वाला अइसन थलरूप सभ में से ज्यादातर के निर्माण आइस एज आ एकरा बाद के दौरान भइल रहे जब पृथ्वी पर ब्यापक इलाका में बर्फ आ ग्लेशियर सभ के बिस्तार रहल आ ई ग्लेशियर पघिले आ लवटे शुरू भ गइलें। पृथिवी के कुछ इलाका, जइसे कि सहारा के रेगिस्तान वगैरह में बहुत पुराना समय के ग्लेशियर से बनल थलरूप पावल जालें जिनहना के फॉसिल थलरूप भी कहल जाला।
आज के समय में जवना-जवना इलाका में ग्लेशियर सभ सक्रिय बाने, ओह सगरो इलाका सभ में आजुओ ऐसन थलरूप सभ के निर्माण जारी बा।
प्रमुख थलरूप
[संपादन करीं]अपरदन (कटाव) से बनल
[संपादन करीं]- सर्क चाहे कोरी – कटोरी भा आरामकुर्सी नियर आकृति जहाँ से ग्लेशियर शुरू होखे ला।
- सर्क सीढ़ी
- यू-आकार घाटी – ग्लेशियर के बहाव से बनल घाटी। एकरा ट्रफ़ घाटी भी कहल जाला।
- अरेत
- नुनाटक
- सीढ़ीदार घाटी
निक्षेप (जमाव) से बनल
[संपादन करीं]ग्लेशियरी झील आ ताल-तलाब
[संपादन करीं]- केटल झील
- टार्न
- पैटरनास्टर झील
- ग्लेशियल झील
बरफ के थलरूप
[संपादन करीं]- बर्गश्रुंड
- पिंगो
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई थलरूप-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |