ग्रेगरियन कैलेंडर
Appearance
(ग्रेगरीयन कैलेंडर से अनुप्रेषित)


ग्रेगरियन कैलेंडर (Gregorian calendar), जौना के आम बोलचाल में अंग्रेजी कैलेंडर, पच्छिमी कैलेंडर या ईसाई कैलेंडर कहि दिहल जाला,[नोट 1] दुनिया में सभसे बेसी इस्तेमाल होखे वाला सिविल कैलेंडर बाटे।[1][2][नोट 2] एकर नाँव पोप ग्रेगरी तेरहवाँ (Pope Gregory XIII) की नाँव पर रखल गइल हवे जे एकरा के 1582 ईसवी में लागू कइलें।
ई कैलेंडर 1582 में जूलियन कलेंडर (Julian calendar) में सुधार कइ के बनावल गइल।[3] इटली आ फ्रांस नियन कई देस एकरा के ओही समय स्वीकार क लिहलें आ ऑफिशियल कलेंडर घोषित क दिहलें जब ई कैथोलिक ईसाई धर्म में स्वीकार कइल गइल। हालाँकि, कई देसन में बाद के समय ले पुरनका जूलियन कलेंडर इस्तेमाल होखल कइल; जइसे की ब्रिटिश लोग एकरा के 1752 के सितंबर में अपनावल आ एही के साथे ई भारतो में आइल (अंग्रेज लोगन के साथे)।[4]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]नोट
[संपादन करीं]- ↑ असल में एकर नाँव अंग्रेजी भा ईसाई कहल हिंदुस्तानी लोगन के द्वारा एह कारन से चलन में आ गइल कि अंग्रेज एहिजे शासन कइल लोग आ ओही लोगन के माध्यम से इहँवा के लोग एह कलेंडर से परिचित भइल। ना त ई खाली अंग्रेज (इंग्लैंड के रहे वाला) लोग के कलेंडर हवे, ना एकरा के ईसाई कलेंडर कहल जा सके ला, काहें कि अब्बो ईस्टर्न ऑर्थोडॉक्स चर्च पुरनका जूलियन कैलेंडर के माने ला, मने कि ई सगरी ईसाई लोगन के कलेंडर ना हवे। त ई दुनों-तीनों नाँव कुनाँव (मिसनोमर) हवें।
- ↑ समय आ तारीख देखावे खातिर अन्तर्राष्ट्रीय मानक, ISO 8601, ग्रेगरियन कैलेंडर के इस्तेमाल करे ला; Section 3.2.1.
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Introduction to Calendars Archived 2019-06-13 at the Wayback Machine. United States Naval Observatory. Retrieved 15 जनवरी 2009.
- ↑ Calendars Archived 2004-04-01 at the Wayback Machine by L. E. Doggett. Section 2.
- ↑ See Wikisource English translation of the (Latin) 1582 papal bull Inter gravissimas.
- ↑ "Julian/Gregorian Calendars". nottingham.ac.uk. नॉटिंघम यूनिवर्सिटी. Retrieved 22 अक्टूबर 2026.
| ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |