कात्सुको सारुहाशी

विकिपीडिया से
(काट्सुको सरूहाशी से अनुप्रेषित)
Jump to navigation Jump to search
कात्सुको सारुहाशी
जनम 22 मार्च , 1920
निधन सितंबर 29, 2007(2007-09-29) (उमिर 87)
टोक्यो, जापान
राष्ट्रीयता जापानी
काम के क्षेत्र भूरासायनिकी
संस्था मेटीयरोलॉजिकल रिसर्च इंस्टीट्यूट, जापान मेटीयरोलॉजिकल एजेंसी
अल्मा मैटर इंपीरियल वोमेन'स कॉलेज ऑफ साइंस (तोहो यूनिवर्सिटी)
यूनिवर्सिटी ऑफ टोक्यो

कात्सुको सारुहाशी (अंगरेजी: Saruhashi Katsuko, जापानी: 猿橋 勝子) (जनम : 22 मार्च, 1920 आऊर निधन : 29 सितंबर, 2007) एगो जापानी भूरसायनबिद रहलीं। ई कार्बन डाईऑक्साइड (CO2) लेबल क सबले पहिलका कुछ मापजोख कइले रहलीं जेकरे बाद समुंदरी जल आ वातावरण में रेडियोएक्टिव नाभिकीय राख क परमान देखवले रहलीं। सारुहाशी 1957 में रसायनशास्त्र में टोक्यो विश्वविद्यालय से डॉक्टरेट क उपाधी पवले रहलीं।[1] सारुहाशी जियोकेमिकल सोसायटी ऑफ जापान आऊर ओशीनोग्राफिकल सोसायटी ऑफ जापान क मानद सदस्य रहलीं।[2] 22 मार्च, 2018 के गूगल इनकरे जनमदिन प सम्मान में गूगलडूडल परदरसित कइले रहल।[3]

संदर्भ[संपादन]

  1. Yount, Lisa (2008). A to Z of women in science and math (Rev. संपा.). New York: Facts On File. पप. 263–264. ISBN 978-0-8160-6695-7.
  2. Yount, Lisa, p. 58, ISBN 0-8160-3173-8
  3. "कात्सुको सारूहाशी का 98वां जन्मदिन". www.google.com. पहुँचतिथी 23 मार्च 2018.