ओडिया

विकिपीडिया से
(उड़िया भाषा से अनुप्रेषित)

ओडिया आ ओड़िया भाषा जेके उडिया भी कहल जाला भारत के एगो मुख्य भाषा हव जे मुख्य रूप से उड़ीसा राज्य में बोलल जाले आ एकरे अलावा उड़िया लोग द्वारा अन्य जगह पर भी बोलल जाले। ओडिया के क्लासिकल भाषा के दर्जा दिहल गइल बाटे।

ओडिया ( ଓଡ଼ିଆ , ओडिया ) भारत के ओडिशा राज्य में बोलल जाए वाली एगो भाषा बा। इ भाषा इहाँ के राज्य सरकार के राजभाषा भी ह। भाषिक परिवार के रूप में ओडिया एगो आर्य भाषा हवे आ भोजपुरी, नेपाली, बंगाली, असमिया आ मैथिली से बहुत नजदीक से संबंधित बा। ओडिया शब्द के प्रयोग ओडिशा के भाषा आ जाति दुनो अर्थ में होला। एकर व्युत्पत्ति के बिकास के कुछ बिद्वान लोग ओद्रविश्य, ओद्रविष, ओडिश, आदिशा भा ओडिशा मानत बा। उद्रविभाषा के पहिला उल्लेख भरत के नाट्यशास्त्र में मिलेला।