आलमारी
Jump to navigation
Jump to search
आलमारी चाहे अलमारी एक किसिम के खड़ा बक्सा भा संदूक होला जेह में कपड़ा-लत्ता भा अउरी कई किसिम के सामान रखल जा सके ला। ई लकड़ी, लोहा, एल्मुनियम भा इस्टील के बनल हो सके ला जेकरा कमरा में खड़ा कइल गइल होखे या फिर कमरा के देवाल में बनल या फिट कइल भी हो सके ला। इस्पेशल रूप से कपड़ा खाती बनल आलमारी के वार्डरोब कहल जाला।