अंग्रेजी साहित्य

विकिपीडिया से
(अंगरेजी साहित्य से अनुप्रेषित)

अंग्रेजी साहित्य चाहे अंग्रेजी-भाषा के साहित्य, अंग्रेजी भाषा में रचल साहित्य हवे जेह में इंग्लैंड के अलावे अउरियो आसपास के देसन के लोगन द्वारा साहित्य के सामिल कइल जाला आ बाद के समय में अंगरेज-शासित रहल देसन आ उपनिवेशन के लोग द्वारा एह भाषा में लिखल साहित्य के भी गिनल जाला। इंग्लैंड, जहाँ के लोग के अंगरेज (इंग्लिश) कहल जाला आ जेह लोगन के ई अंग्रेजी (इंग्लिश) भाषा हवे, के अलावे आसपास के अउरीयो इलाका के लोग एह भाषा में लिखल, स्कॉटलैंड, वेल्श, पूरा आयरलैंड में एह भाषा में साहित्य लिखल गइल। बाद में ब्रिटिश साम्राज्य के समय में ओह देसन में भी अंग्रेजी में साहित्य लिखल गइल जे एह साम्राज्य के उपनिवेश रहलें आ अमेरिकी अंग्रेजी साहित्य, भारतीय अंग्रेजी साहित्य आ प्रवासी लोगन के लिखल अंग्रेजी साहित्य नियर उपबिभाजन पैदा भइल जे अंग्रेजी साहित्य के हिस्सा हवे।

अंग्रेजी भाषा के पैदाइश लगभग पाँचवीं सदी के दौरान सुरू भइल जब एंग्लो-सैक्सन प्रवासी लोग ग्रेट ब्रिटेन में आ के बसल आ एह लोगन के एंग्लो-फ्रायसियन बोली से एह नया भाषा के बिकास भइल। एह सुरुआती अंग्रेजी के पुरानी अंग्रेजी (ओल्ड इंग्लिश) के नाँव से जानल जाला। बेइअवुल्फ़ (Beowulf) एह पुरानी अंग्रेजी के सभसे परसिद्ध रचना हवे जेकरे रचयिता के जानकारी ना बाटे; ई स्कैंडिनेविया के परिवेश में स्थापित कहानी होखे के बावजूद अंगरेज लोगन में आ इंग्लैंड में एक तरह के राष्ट्रीय महाकाव्य के रूप मानल-जानल जाला। 1066 में नार्मन लोग इंग्लैंड पर कब्जा कइल जेकरे बाद पुरानी अंग्रेजी में साहित्य के लिखल रूप गायब भ गइल आ एह दौर में राजकाज से ले के कोर्ट कचहरी आ लिखित बेहवार के भाषा फ्रेंच बन गइल रहे। नार्मन दौर के बोलचाल वाली अंग्रेजी के मिडिल इंग्लिश कहल जाला। अंग्रेजी भाषा के ईहे रूप 1470 के दशक ले रहल जबले कि बाद के मिडिल इंग्लिश ना बिकसित भइल जे लंदन आ आसपास के भाषा के बिस्तारित इलाका में फइले से बनल; एकरा के चांसरी स्टैंडर्ड (Chancery Standard) कहल जाला। ज्यॉफ्री चॉसर एह भाषा के सभसे परसिद्ध रचनाकार हवें आ उनके दि केंटरबरी टेल्स सभसे परसिद्ध रचना हवे। चौसर के अंग्रेजी साहित्य के जनक आ अंग्रेजी कबिता के जनक के रूप में एही कारन जानल जाला कि ऊ अइसन समय में आपन रचना के भाषा देसी अंग्रेजी के बनवलें जबकि इंग्लैंड में अबहिनो राजकाज आ लिखा-पढ़ी के भाषा फ्रेंच आ लातीनी रहल। 1439 में प्रिंटिंग प्रेस के आबिस्कार भइल आ ई अंग्रेजी के प्रसार आ मानक रूप धरे में मदद कइलस, किंग जेम्स के बाइबिल एही आबिस्कार के नतीजा रहल। एकरे बाद अंग्रेजी में उच्चारण के भारी बदलाव शुरू भइल आ बहुत लंबा उच्चारण वाला स्वर भाषा से गायब हो गइलें आ कई शब्दन में व्यंजन सभ साइलेंट हो गइलें; एह घटना के ग्रेट वॉवेल शिफ्ट के नाँव से जानल जाला आ अंग्रेजी के इस्पेलिंग आ उच्चारण में अंतर होखे में एकर भारी परभाव मानल जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]