शतरंज
शतरंज एक प्रकार के पटल खेल (board game) ह जे में एक साथ दुगो खिलाड़ी लोग खेल खेलेला। [१] इ एक प्रकार के वर्गाकार काठ के पटल (काष्ठपटल) पर अथवा कुट के पटल (Board) पर खेलल जाला, जेमे छोट छोट 64 गो वर्ग बनल रहेला, जे मे हर किनारा पर आठ- आठ गो छोट छोट वर्ग बनल रहेला। दुनो खिलाड़ी सोलह सोलह गो गोटी के साथ खेल शुरु करेलन। जे में गोटी रहेला: आठगो सिपाही, दुगो घोड़ा, दुगो ऊँट, दुगो हाथी, आ एगो राजा आ एगो मंत्री।[२]
खेल के लक्ष्य होला कि कौनो एगो खिलाड़ी कौनो दुसरा प्रतिद्वन्दी खिलाड़ी के राजा के चेकमेट (checkmate) करे के कोशिश करे। चेकमेट एक प्रकार के धमकी ह ('चेक') जौन प्रतिद्वन्दी खिलाड़ी के राजा के करल जाला जब प्रतिद्वन्दी खिलाड़ी के राजा मुकाबला कर सके के स्थिती में ना होखे। जब राजा फँस जाई त खेल खत्म हो जाई।[३]
खेल दुगो प्रतिद्वन्दी खिलाड़ी के बीच शुरु होला जे में खिलाड़ी एक एक कर के आपन गोटी शतरंज के बोर्ड पर अलग अलग वर्ग में आगे बढ़ावेला। एगो खिलाड़ी ('उज्जर') के पास उज्जर या हल्का रंग के गोटी होला; दुसरका खिलाड़ी ('करिया') के पास करिया या गाढ़ा रंग के गोटी होला। खेल में हर गोटी के आगे बढ़ावे के आ दुसरा गोटी के पिटे के नियम कानून होला।
चेस एगो विश्व विख्यात खेल ह जौन कई बार प्रतियोगिता के तौर पर होखेला जे के शतरंज प्रतियोगिता कहल जाला। बहुते देश में लोग इ खेल के मजा लेवेला आ इ रुस देश के एगो महत्वपूर्ण राष्ट्रिय शौक ह [४]
सामग्री |
इतिहास [सम्पादन]
Main article: शतरंज के इतिहास
ढ़ेरे इतिहासकार लोगन बानी जे के कहनाम बा कि शतरंज सबसे पहिले उत्तर भारत में छठी ईस्वीमें गुप्त साम्राज्य के वक्त खेलल जात रहल।[५][६] पहिले के शतरंज के इ खेल के "चतुरंगा" नाम से जानल जात रहल, जौन मिलेट्री शब्द के संस्कृत ह। गुप्तकाल के शतरंज के गोटी ऊ काल के मिलेट्री में बँटल रहल जौन पैदल सेना रहे, जे में रहल घुड़सवार फौज, हाथी, आ रथ। धीर- धीरे इ गोटी सब हो गईल सिपाही, घोड़ा, हाथी, आ ऊँट। अंग्रेजी में चेस (chess) आ चेक (check) दुनो शब्द फारसी शब्द शाह से आईल जेकर मतलब होला राजा।[५]
आगे पढ़ीं [सम्पादन]
- Benko, Pal 2007. Benko's endgame laboratory. Ishi Press. ISBN 0-923891-88-9
- Burgess, Graham and John Nunn 1998. The mammoth book of the world's greatest chess games. Carroll & Graf. ISBN 978-0-7867-0587-0
- Chandler, Murray 2004. Chess for children. Gambit, London. ISBN 978-1-904600-06-0 (Beginners)
- Euwe, Max and Kramer H. 1994. The middlegame, books I and II. Hays. ISBN 978-1-880673-95-9 and ISBN 978-1-880673-96-6
- Polgar, Laszlo 2006. Chess: 5334 problems, combinations and games. Illustr. ed, Black Dog & Leventhal. ISBN 978-1-57912-554-7
- Pritchard, David Brine 2008. The right way to play chess. 8th ed, Right Way. ISBN 978-0-7160-2199-5 (Beginners)
- Silman, Jeremy 1997. How to reassess your chess. 3rd ed expanded, Siles. ISBN 978-1-890085-00-1
- टेम्पलेट:Cite book
- Tisdall, Jon 2004. Improve your chess now. Everyman, London. ISBN 978-1-85744-156-7
- Ward, Chris 1994. Opening play (Think like a chess master). Batsford, London. ISBN 0-7134-7511-0
- Znosko-Borovsky, Eugene 1980. The middle game in chess. Dover. ISBN 978-0-486-23931-6
दुसर वेबसाईट [सम्पादन]
- Chess Games. chessgames.com. Retrieved on 1 April 2010.
सन्दर्भ [सम्पादन]
- ↑ Abate, Frank R. (ed) 1997. The Oxford desk dictionary and thesaurus. ISBN 0-19-511214-8
- ↑ Costello, Robert E. et al (eds) 2001. Macmillan dictionary for children. Simon & Schuster, New York. ISBN 0-689-84323-2
- ↑ Paton, John et al (eds )1992. The Kingfisher children's encyclopedia. Kingfisher Books, New York. ISBN 1-85697-800-1
- ↑ टेम्पलेट:Cite book
- ↑ ५.० ५.१ टेम्पलेट:Cite book
- ↑ Cite error: Invalid
<ref>tag; no text was provided for refs namedH.2FW