वार्तालाप:नेपाल

Page contents not supported in other languages.
विकिपीडिया से

नेपाल के गाँवपालिका सभ पर लेख[संपादन करीं]

ई चर्चा सीधे नेपाल लेख से ना जुड़ल बा, बाकी नेपाल संबंधित कौनों विकिप्रोजेक्ट ना होखे के कारण इहाँ कइल जा रहल बा। भोजपुरी विकिपीडिया पर नेपाल के गाँवविकास समीति (गाविस) सभ पर बॉट से एक वाक्य के लेख बनावल गइल रहे। इनहन के संख्या काफी बा आ सभन में एक वाक्य लिखल बा। हाल में गाविस सभ के मिला के गाँवपालिका के गठन कइल गइल बा, एह गाँवपालिका सभ पर लेख बनावल जा रहल बा।

एगो चर्चा आपस में भइल जेह में ई बिचार कइल गइल कि गाविस सभ पर जानकारी जुटावल आ बड़ लेख बनावल मुश्किल काम बा। एही से बिचार ई बा कि नया सिस्टम में जवन गाँवपालिका बनल बाड़ी स उनहन पर बड़हन लेख (कम से कम 10,000 बाईट आकार के) बनावल जाय आ गाविस वाला लेखवन के गाँवपालिका वाला लेख पर अनुप्रेषित क दिहल जा।

उदाहरण खाती: लक्ष्मीपुर पतारी गाँवपालिका में सामिल गाविस सभ -

  1. महेशपुर पटरी,
  2. सितापुर,
  3. लक्ष्मीपुर पटरी,
  4. पोखरभिन्डा,
  5. पिप्रा प्रध
  6. खरुक्यान्ही बाड़ें।

अब लेख लक्ष्मीपुर पतारी गाँवपालिका बड़हन बनावल गइल बा आ बाकी एह में शामिल गाँव सभ के लिस्ट एही लेखवे में जोड़ दिहल गइल बा। ओह गाँव सभ के टाइटिल के एह लेख पर अनुप्रेषित कइल गइल बा। एही तरह से बाकी गाँवपालिका आ गाविस के साथै भी कइल जाय।

वर्तमान में एह काम में Raju BabuU L DAS जी काम क रहल बा लोग आ U L DAS जी गाँवपालिका सभ पर लेख बना रहल बानी। दास जी के काम बहुत तारीफ जोग बा। एकरा के एही तरीका से आपसी सहजोग से आगे बढावल जाय। एह जगह ई सूचना भा जानकारी एह कारण लिखल जात बा कि केहू एह काम के कारण खोजे टेम्पलेट ओकरा के आसानी से जानकारी मिल सके आ बुझा जाय कि अइसन काहें कइल गइल। धन्यवाद। --SM7--बातचीत-- 17:16, 29 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]

जेतना गान्व्पालिका आ नगरपालिका पर लेख बन पावल ओतना ठीक बा, आगे अउरी बना के ई काम पूरा क लिहल जाई। फिलहाल गाविस सभ के मशीनी लेख के डिलीट कर दिहले बानी। --SM7--बातचीत-- 20:04, 27 सितंबर 2018 (UTC)[जबाब देईं]

नेपाल के जिला सभ के टेम्पलेट[संपादन करीं]

@Raju Babu and U L DAS: जी, कृपया टेम्पलेट:सिराहा जिला देखल जाय, ई टेम्पलेट पहिले से बनल टेम्पलेट:सिराहा जिला के गाविसटेम्पलेट:सिराहा जिला के स्थानीय प्रशासन के आपस में मिला के बनावल गइल बा। अगर आप लोग के इजाजत होखे त हर जिला खाती एही तरे टेम्पलेट बना दिहल जाय। गाविस सभ के नाँव इतिहासी महत्व खाती रखल जरूरी बा। --SM7--बातचीत-- 14:55, 30 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]

एक ठो अउरी सवाल बा, का हर गाँवपालिका के नाँव में "गाँवपालिका" आ नगरपालिका के नाँव में "नगरपालिका" शब्द जोड़ के लिखल जाय ई जरूरी बा? काहें न सीधे-सीधे जगह के नांवे भर लिखल जाय ?--SM7--बातचीत-- 15:16, 30 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]

सही कहत बानी पर कहीं कहीं स्पष्टीकरण खातिर नगरपालिका जोड़े के पड़ सकेला। जैसे माई मतलब माता आ माई नगरपालिका माई नाम से नगरपालिका खातिर। 👤Raju💌 15:41, 30 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]
नीक त इहे रही कि जहाँ स्पष्टीकरण के जरूरत ना बा उहाँ बिना एह शब्दन के लिखल जाय। जहाँ जरूरत होखे तहँवे जोड़ल जाय। खैर ई बादो में कइल जा सके ला। फिलहाल, अभिन टेम्पलेट जिला-जिला बीछ के गाँवपालिका का गाविस वाला हिसाब ठीक क लिहल जाय।--SM7--बातचीत-- 16:42, 30 जनवरी 2018 (UTC)[जबाब देईं]