महतारी

विकिपीडिया से
(माई से अनुप्रेषित)
एक ठो बच्चा लिहले औरत
एक ठो अफिरकी महतारी आ ओकर बच्चा
एक ठो औरत आ ओकरे गोदी में बच्चा, क्लोज अप, दूनों कैमरा से थोड़ा दुसरे ओर देखत
बंगलादेस में एक ठो महतारी आ बच्चा

महतारी या माई कौनों बच्चा के जनम देवे वाली भा पाल-पोस के बड़ करे वाली औरत होले। ई कौनों जरूरी नइखे कि बच्चा ओह औरत के आपन खुद के जनमावल संतान होखे, हालाँकि आमतौर पर एह शब्द के इहे अरथ बूझल जाला। संदर्भ अनुसार, कौनों औरत संतान के जनम देवे के कारण, लालन-पालन करे के कारण या आधुनिक जमाना में संतान पैदा करे खातिर आपन अंडाणु दान करे के कारण या अइसने अउरी कौनों कारण से ओह संतान के महतारी हो सके ली।

खुद के अंडाणु आ गरभ से संतान के जनम देवे वाली माई के जनम देवे वाली महतारी कहल जाला। एकरे बिपरीत अंडाणु दान करे वाली महतारी खाली जीवबिज्ञान से हिसाब से महतारी होखे लीं; आ दुसरे जीविक महतारी-बाप के संतान के अपना गरभ में धारण भर क के पैदा करावे वाली महतारी "सरोगेट" कहाली। खाली लालन-पालन करे वाली महतारी के "मयभा महतारी" कहल जाला।

ऊपर बताव परिभाषा सभ के अलावा महतारी आ संतान के बीच के रिश्ता बहुत हद तक भावना आ मनोबिग्यानी स्थिति के चीज हवे। परिभाषा कौनों बैस्विक चीज नइखे आ जगह-जगह के समाज आ नैतिक मूल्य भी एह नातेदारी के अलग-अलग तरीका से परभावित करे लें। अइसने स्थिति बाप खातिर भी होला, जीवीय रूप से केहू कौनों बच्चा के बाप हो सकेला बाकी हो सकेला की बाप के जिम्मेदारी न निभावे।

औरत अगर गरभ से होखे त ई कहल जाला कि ऊ महतारी बने वाली बा।

संदर्भ[संपादन करीं]