भोपाल

विकिपीडिया से
Bhopal
Clockwise from top left
Bhojtal Upper Lake, Bhopal city panorama, Steam train installation near lake, Rabindra Bhavan, Van Vihar, Vallabh Bhawan (MP Secretariat), Taj-ul-Masajid, Lakshmi Narayan Birla Mandir
Nickname: 
The City of Lakes
Bhopal is located in Madhya Pradesh
Bhopal
Bhopal
Location of Bhopal in the Central Indian state of Madhya Pradesh
Bhopal is located in India
Bhopal
Bhopal
Bhopal (India)
Coordinates: 23°15′N 77°25′E / 23.250°N 77.417°E / 23.250; 77.417निर्देशांक: 23°15′N 77°25′E / 23.250°N 77.417°E / 23.250; 77.417
Country India
StateMadhya Pradesh
DistrictBhopal
Area
 • Metropolis capital285.88 किमी2 (110.38 बर्ग मील)
Elevation
527 m (1,729 ft)
Population
 (2011)[2]
 • Metropolis capital1,798,218
 • Rank17th
 • Density3,887/किमी2 (10,070/बर्ग मील)
 • Metro
(Bhopal + Kolar + Berasia urban areas)
1,917,051
 • Metro rank
20th
DemonymBhopali
Time zoneUTC+5:30 (आइएसटी)
Pincode
462001 to 462050
Telephone0755
Vehicle registrationMP-04
Precipitation1,123.1 मिलीमीटर (44.22 इंच)
Official languageHindi
Avg. high temperature31.7 °C (89.1 °F)
Avg. low temperature18.6 °C (65.5 °F)
Websitewww.bhopal.nic.in , www.smartbhopal.city

भोपाल भारत की मध्य प्रदेश प्रान्त क राजधानी ह आउर भोपाल जनपद के प्रशासनिक मुख्यालय भी ह. भोपाल के राजा भोज के नगरी तथा 'झीलन के नगरी' भी कहल जाला काहे कि इहाँ कई गो छोट - बड़ तालाब बा। तब इ नगर अचानक चर्चा में आ गइल. जब १९८४ में अमेरिकी कंपनी यूनियन कार्बाइड से मिथाइल आइसोसाइनेट गैस के रिसाव से लगभग २०,००० लोग के मौत भइल रहे.

भोपाल के प्रसिद्धि[संपादन करीं]

भोपाल में भारत हेवी इलेक्ट्रिकल्स लिमिटेड (भेल) के एगो कारखाना बा. हाल ही में भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान केंद्र आपन दुसरका 'मास्टर कंट्रोल फैसिलिटी' एहिजा स्थापित कइले बा। भोपाल में ही भारतीय वन प्रबंधन संस्थान भी बा जेवन भारत में वन प्रबंधन के एकमात्र संस्थान बा। साथ ही भोपाल ओह छह शहरन में से एगो ह जहवाँ २००३ में भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान खोले के फैसला लिहल गइल रहे, जवन की २०१५ से काम कर रहल बा। एकरा अलावे इहाँ कई गो विश्वविद्यालयो बाड़ी सन जइसे कि राजीव गांधी प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय, बरकतउल्लाह विश्वविद्यालय, अटल बिहारी वाजपेयी हिंदी विश्वविद्यालय, मध्य प्रदेश भोज मुक्त विश्वविद्यालय, माखनलाल चतुर्वेदी पत्रकारिता विश्वविद्यालय, भारतीय राष्ट्रीय विधि विश्वविद्यालय आदि। एकरा अलावे कई गो राष्ट्रीय संस्थान जइसे कि मौलाना आजाद राष्ट्रीय प्रौद्योगिकी संस्थान, भोपाल, भारतीय वन प्रबंधन संस्थान, भारतीय विज्ञान शिक्षा आउर अनुसंधान संस्थान, राष्ट्रीय संस्कृत संस्थान, इंजीनियरिंग महाविद्यालय, गांधी चिकित्सा महाविद्यालय, नेशनल लॉ इंस्टीट्यूट यूनिवर्सिटी आउर कई गो शासकीय आउर सार्वजनिक स्कूल बा. भोपाल में कोलार आउर केरवा नदी बा. बेतवा नदी के उद्गम स्थल कोलाश्र बांध के पास झील में बाटे। मध्यप्रदेश के सांस्कृतिक विरासत के कई साक्ष्य मौजूद बाटे.

इतिहासन[संपादन करीं]

गोलाघर[संपादन करीं]

इतिहास के हिसाब से भोपाल के प्राचीन नाम भूपाल रहे जेकरा के राजा भूपाल शाह बसवलें। अर्थात् भू = भूमि, पाल = रक्षक.

कुछ इतिहासकार लोग के भ्रम बा कि एह शहर के स्थापना राज भोज द्वारा कइल गइल रहे। जवन कि पूरा तरह से गलत बा. राजा भोज जहां इलाज करावे आइल रहलन. उ शहर के नाम भोजपुर ह. जे भोपाल से ५० किलोमीटर के दूरी पर बा.

ताजमहल - भोपाल[संपादन करीं]

भोपाल के स्थापना गोंड राजवंश के राजा भूपाल शाह द्वारा ६६९-६७९ ईस्वी में कइल गइल रहे। उनकर राज्य के राजधानी भूपाल ही रहे, जवन अब मध्य प्रदेश के एगो जिला ह। शहर के पहिले नाम 'भूपाल' रहे जे भूपाल से बनल रहे. गोंड राजा लोगन के पतन के बाद ई सहर कई बेर लूट के शिकार भइल. गोंड राजवंश के बाद भोपाल शहर में अफगान सिपाही दोस्त मोहम्मद खान (१७०८-१७४०) के शासन रहल बा। मुगल साम्राज्य के विघटन के फायदा उठा के खान बेरासिया तहसील पर कब्जा कर लिहलें. कुछ समय बाद गोंड महारानी कमलापति के मदद करे खातिर खान के भोपाल गाँव भेंट कइल गइल. रानी के मरला के बाद खान छोटका गोंड राज्य पर कब्जा कर लिहलें. महारानी कमलापति गोंड महाराजा निजाम शाह के पत्नी रहलीं. राजा निज़ाम शाह के मरला पर महारानी कमलापति राज्य के बागडोर संभाली । भोपाल शहर के भीतर एगो बड़ तालाब के पास इनका स्मृति में कमला पार्क के निर्माण कइल गइल बा. साथही रानी कमलापति रेलवे स्टेशन के नामकरण कइल गइल बा.

१७२० - १७२६ के दौरान दोस्त मोहम्मद खान भोपाल गाँव के किलाबंदी कर के एकरा के एगो शहर में तब्दील कर दिहलें. साथे ही उ नवाब के पदवी भी ग्रहण कइलें आ एही से भोपाल राज्य के स्थापना भइल। मुगल दरबार के सिद्दीकी बंधुअन से दोस्ती के नाते खान हैदराबाद के निज़ाम मीर क़मर-उद-दीन (निज़ाम - उल - मुल्क) से दुश्मनी ले लिहलन. सिद्दीकी बंधुअन से निपटला के बाद १७२३ में निज़ाम भोपाल पर हमला कर दिहलस आउर दोस्त मोहम्मद खान के निज़ाम के आधिपत्य स्वीकार करे के पड़ल.

मराठा लोग भी भोपाल राज्य से चौथाई (कुल कर के चौथाई हिस्सा) वसूल कइलें. १७३७ में, मराठा लोग भोपाल के लड़ाई में मुगल लोग के हरा दिहलें. खान के उत्तराधिकारी लोग १८१८ में ब्रिटिश शासन के साथ संधि कइल आ भोपाल राज्य ब्रिटिश राज के एगो रियासत बन गइल। १९४७ में जब भारत के आजादी मिलल, तब भोपाल राज्य के वारिस आबिदा सुल्तान पाकिस्तान चल गइली. उनकर छोट बहिन बेगम साजिदा सुल्तान के उत्तराधिकारी घोषित क दिहल गइल. १ जून १९४९ के भोपाल राज्य के भारत में विलय हो गइल।

आवागमन[संपादन करीं]

हवाई अड्डा[संपादन करीं]

भोपाल के राजा भोज हवाई अड्डा शहर से 12 किमी के दूरी पर बा. दिल्ली, मुम्बई, इंदौर, अहमदाबाद, चेन्नई, चंडीगढ़, हैदराबाद, कोलकाता, रायपुर से इहाँ खातिर एयर इंडिया आ अन्य निजी एयरलाइंस क नियमित उड़ान सेवा बा।

रेल्वे[संपादन करीं]

भोपाल के रेलवे स्टेशन देश के अलग - अलग रेलवे स्टेशनन से जुड़ल बाटे। ई रेलवे स्टेशन भारतीय रेल के दिल्ली-चेन्नई मुख्य मार्ग पर पड़ेला। शताब्दी एक्सप्रेस भोपाल के दिल्ली से सीधे जोड़ेला। साथ ही ई शहर मुम्बई, आगरा, ग्वालियर, झांसी, उज्जैन, कोलकाता, चेन्नई, बेंगलुरु, हैदराबाद आदि शहरन से कईगो रेलगाड़ी के माध्यम से जुड़ल बा.

सड़क मार्ग बाटे[संपादन करीं]

कुशाभाऊ ठाकरे अंतरराज्यीय बस अड्डा कुशाभाऊ ठाकरे अंतरराज्यीय बस अड्डा (पूरा दृश्य) सांची, इंदौर, उज्जैन, खजुराहो, पंचमढी, जबलपुर आदि शहरन से आसानी से सड़क मार्ग से भोपाल पहुँचल जा सकेला. मध्यप्रदेश आ पड़ोसी राज्यन के कई शहरन से भोपाल खातिर नियमित बसें चलल जालीं।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "District Census Handbook - Bhopal" (PDF). Census of India. p. 35. Retrieved 22 September 2015.
  2. "Bhopal District Census Handbook" (PDF). Office of the Registrar General & Census Commissioner. Retrieved 10 June 2016.