भारत के इतिहास

विकिपीडिया से
(भारत क इतिहास से अनुप्रेषित)

ई लेख भारत आ आसपास की क्षेत्र की इतिहास खातिर बाटे। आजादी की बाद भारत गणतन्त्र की इतिहास खातिर देखल जाय: भारत गणतन्त्र क इतिहास

एगो सीरीज के हिस्सा जवना के बिसय बा:
भारत के इतिहास
सातवाहन काल के गेट, पहिली सदी ईसवी
साँची में सातवाहन काल के गेट, पहिली सदी ईसवी

भारत क इतिहास भारत देस आ आसपास के इलाका, जेकरा के भारतीय उपमहादीप भा दक्खिन एशिया के नाँव से जानल जाला, के पुराइतिहासी काल से ले के आजकाल के जमाना ले के इतिहास ह। भारत के इतिहास सुरू होला पुराइतिहासी जुग के लोगन आबादी के एह इलाका में बसाव से; इहे आबादी आ समाज आगे चल के सिंधु घाटी सभ्यता के रूप लेला; इंडो-आर्य संस्कृति आ वैदिक सभ्यता के रूप में आगे बढ़े ला आ हिंदू, जैनबौद्ध धर्म के एह इलाका में परतिष्ठा होले; कई गो बिसाल साम्राज्य एक के बाद के स्थापित होलें; मध्य काल में मुसलमानी शासक लोग के प्रभुत्व स्थापित होला; यूरोपीय लोग व्यापार के मकसद से आ के एह क्षेत्र के आपन उपनिवेश बना लेला; आजादी के लड़ाई के बाद भारत के बिभाजन आ वर्तमान भारत गणराज्य के उदय होला; आ अंत में आजाद भारत अपना बिबिध तरह के समस्या सभ से जूझत आज के समय में दुनिया के तीसरी सभसे ताकतवर अर्थब्यवस्था के रूप में स्थापित होला।

भारत के पुराइतिहास कम से कम 75,000 बरिस पहिले से शुरू होला जबसे इहँवा होमो सैपियंस मानव कि रहल क परमान मिले शुरू होला जबकि एहू से पहिले लगभग 5,00,000 साल पहिले से जब से होमो इरेक्टस मानव का प्रमाण मिले लागे ला।[1]

सिंधु घाटी सभ्यता क समय ई॰ पू॰ 3300 से 1300 ई॰ पू॰ ले मानल जाला जेवन आज की पाकिस्तान आ भारत की हिस्सा में सिंधु नदी आ एकरे साहायक नदिन के घाटी सभ की सहारे बिकसित भइल रहे। एकरी बाद क्रम से वैदिक सभ्यता आ महाजनपद काल आवेला। भगवान बुद्ध क जनम महाजनपद काल में छठवी सदी ई॰ पू॰ में भइल जब मगध साम्राज्यकोसल राज्य रहे।

चौथी सदी से तिसरी सदी ई॰ पू॰ की समय में भारत की अधिकतर इलाका पर मौर्य साम्राज्य क अधिकार रहल। मौर्य साम्राज्य की पतन की बाद कई गो छोट-छोट राजा अलग अलग हिस्सा पर राज्य कइलें आ फिर भारत की बड़हन हिस्सा पर गुप्त साम्राज्य अस्थापित भइला ले इहे स्थिति रहे। गुप्त काल के भारत क स्वर्ण युग भा क्लासिकल जुग कहल जाला। एही समय में इहाँ हिंदू धर्म के वर्तमान रूप के प्रतिष्ठा भइल। सातवीं से इगारहवीं सदी ईस्वी में पाल, राष्ट्रकूट आ गुर्जर प्रतिहार शासकन की बीच में शक्ति-संघर्ष भइल।

मुसलमानी शासन के सुरुआत 1206 ई॰ में शुरू भइल जब दिल्ली सल्तनत क अस्थापना भइल। एकरे बाद से लेके यूरोपीय लोग के आगमन ले के दौर के मध्यकाल कहल जाला। सन् 1857 ई॰ में भारत की पहिला स्वतंत्रता संघर्ष की बाद भारत क शासन ब्रिटिश ताज के अधीन हो गइल। 15 अगस्त 1947 के भारत आजाद भइल आ 26 जनवरी 1950 के भारत गणराज्य के रूप में स्थापित भइल।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. G. Bongard-Levin, A History of India (Progress Publishers: Moscow, 1979) p. 11.