बाबा धाम
बाबा बैद्यनाथ मंदिर | |
---|---|
बेसिक जानकारी | |
अक्षांस-देशांतर | 24°29′33″N 86°42′00″E / 24.49250°N 86.70000°Eनिर्देशांक: 24°29′33″N 86°42′00″E / 24.49250°N 86.70000°E |
देवता | बाबा बैद्यनाथ (शिव) |
तिहुआर | शिवरात, श्रावणी मेला (सावन) |
जिला | देवघर |
राज्य | झारखंड |
देस | भारत |
वेबसाइट | www |
Creator | राजा पूरनमल (कथा अनुसार - विश्वकर्मा) |
मंदिर सभ | 22 |
बाबा बैद्यनाथ धाम, जे बैजनाथ धाम भा बाबा धाम के नाम से मशहूर बा, भारतीय राज्य झारखंड के संथाल परगना मंडल में देवघर में एगो हिंदू मंदिर बाटे। ई भगवान शिवजी के मंदिर हवे आ पुराणिक बिबरन अनुसार बारह गो ज्योतिर्लिंग सभ में एकर गिनती होला। बाबा धाम के नाँव से परसिद्ध एह मंदिर मंडली में मुख्य मंदिर बाबा बैजनाथ के बा आ एकरे अलावा अउरी एकइस गो मंदिर बाने।
हिंदू कथा सभ के मोताबिक रावण शंकर जी के खुस करे खातिर आ बरदान पावे खातिर लमहर तपस्या के बाद आपन दसो मूँड़ी काटि के चढ़ा दिहलें जेकरा बाद शंकर जी प्रगट भइलें आ खुस हो के उनके वापिस जिया दिहलें। शिव जी एगो बैद के रूप में रावण के मूँड़ी जोड़लें, एही कारन उनके एह रूप के बैद्यनाथ कहल जाला।
हर साल सावन के महीना में इहाँ सावनी मेला लागे ला आ काँवरिया लोग गंगा जी से जल ले के पैदल जतरा क के इहाँ आ के मंदिर में जल चढ़ावे ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई लेख कौनो भवन भा बिल्डिंग के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |