Jump to content

जीवविज्ञान

विकिपीडिया से
(जीव बिज्ञान से अनुप्रेषित)

जीवविज्ञान (𑂔𑂲𑂫𑂫𑂱𑂔𑂹𑂖𑂰𑂢) चाहे प्राणिशास्त्र (𑂣𑂹𑂩𑂰𑂝𑂱𑂬𑂰𑂮𑂹𑂞𑂹𑂩) विज्ञान के तिनकों महत्वपूर्ण शाखा में से एगो शाखा बाटे। ई शाखा में धरती पर प्राणास्तित्व रखनिहार जीव-जंतु पशु-पंछि वनस्पति जइसन महाजीव आ बेक्टॅरिया जइसन सूक्ष्मजीव के अभ्यास करऽल जाला।


जीवविज्ञान के सरलसुगम् अभ्यास करे खातिर एहके दूगो बड़हन विषय में बाँटल गइल बा; जंतुविज्ञानवनस्पति विज्ञान। एकरालावा आउरीऔ विषय के अभ्यास जीवविज्ञान में करऽल जाला जइसे जीव रसायनशास्त्र, कोश जीवविज्ञान, परिस्थिति विज्ञान आदि।

जीव (Organism)

[संपादन करीं]

जीव माने जवना में परान होखे, जे जिन्दा होखे। जीव के दूगो हिस्सा में बाँटल जाला। प्राणी, जेवना में सारा जानवर, पिलूआ, चिरई वगेरा आवेला; आ वनस्पति जेवना में सगरो छोट बड़ पेड़ पौधाघास आ जाला।

एकरी अलावा कुछ बहुत नक्खी नक्खी जिन्दा जीव होलें जिनहन के आँख से ना देखल जा सकेला बलुक देखे खातिर खुर्दबीन क जरूरत पड़ेला। इनहन के सूक्ष्मजीव कहल जाला। बैक्टीरियावाइरस वगैरह अइसने सूक्ष्मजीव हवें।

जीवधारिन के बिबिध प्रकार

[संपादन करीं]