जंतु बिज्ञान

विकिपीडिया से

जंतु बिज्ञान या प्राणी बिज्ञान जीव बिज्ञान क एगो शाखा हवे जेवन जंतु जगत के सगरी जीवधारी सभ, मने कि जानवरन के जीवन के अध्ययन करे ला। एह अध्ययन में जानवर सभ के शरीर के संरचना (स्ट्रक्चर), भ्रूणबिज्ञान (एंब्रियोलॉजी), क्रमबिकास, बर्गीकरण, आदत, आ बिस्व में बितरण वगैरह सामिल बाड़ें आ अइसन खाली जिंदा जानवरन खाती ना बलुक ओह जानवरन के बारे में भी अध्ययन होला जे बिलुप्त हो चुकल बाड़ें। एह में इहो अध्ययन कइल जाला कि जानवर सभ अपना इकोसिस्टम से कवना तरीका से क्रिया-अंतरक्रिया करे लें।

एकरे बिपरीत पौधा जगत के अध्ययन बनस्पति बिज्ञान नाँव के शाखा में होला आ ई दुनों जीव बिज्ञान के सभसे प्रमुख दू गो बिभाजन के रूप में अस्थापित शाखा बाड़ी सऽ।

शाखा आ उपशाखा[संपादन करीं]

जंतु बिज्ञान भा प्राणी बिज्ञान के एह बिसय के कई गो शाखा आ उपशाखा बाड़ी स:

  • जंतुबिबरनबिज्ञान (ज़ूग्राफी - Zoography) के बिबरानत्मक जंतु बिज्ञान भी कहल जाला, ई एह बिज्ञान के बेहवारिक पक्ष हवे आ जानवर सभ के आ उनहन के आदत के बिबरन प्रस्तुत करे ला।
  • तुलनात्मक शरीररचनाबिज्ञान (कंपैरेटिव एनाटमी), जानवर सभ के संरचना के अध्ययन करे ला।
  • एनीमल फिजियोलॉजी
  • बेहवारिक इकोलॉजी
  • एथोलॉजी, जानवर सभ के बेहवार के अध्ययन करे ला।
  • इनवर्टीब्रेट जुलॉजी
  • वर्टीब्रेट जुलॉजी
  • माटी जुलॉजी आ अउरी अन्य।

संदर्भ[संपादन करीं]