जफराबाद, उत्तर प्रदेश

विकिपीडिया से

जफराबाद भारत के उत्तर प्रदेश राज्य के जौनपुर जिला में एगो कस्बा आ नगर पंचायत बा। [1]

जनसांख्यिकी[संपादन करीं]

2011 के भारतीय जनगणना के हिसाब से जफराबाद के कुल जनसंख्या 10,792 बाटे जेह में 5,578 लोग पुरुष आ 5,214 लोग मेहरारू रहल। 0 से 6 साल के उमिर समूह के भीतर आबादी 1,595 रहे। जफराबाद में कुल साक्षर लोग के संख्या 6,897 रहल जे आबादी के 63.9% रहल आ पुरुष साक्षरता 71.1% आ महिला साक्षरता 56.3% रहल। जफराबाद के 7+ आबादी के प्रभावी साक्षरता दर 75.0% रहे, जवना में से पुरुष साक्षरता दर 84.0% अउरी महिला साक्षरता दर 65.5% रहे। अनुसूचित जाति आ अनुसूचित जनजाति के आबादी क्रमशः 1,374 आ 27 रहे। जफराबाद में 2011 में 1497 घर रहे। [1]

भारत के जनगणना 2001 के हिसाब से [2] जफराबाद के जनसंख्या 8,801 रहल। आबादी के 50% पुरुष आ महिला 50% रहल। जफराबाद में औसत साक्षरता दर 58% बा, जवन राष्ट्रीय औसत 59.5% से कम रहल: पुरुष साक्षरता 68% रहल, आ महिला साक्षरता 48% रहल। जफराबाद में 20% आबादी 6 साल से कम उम्र के रहल।

जतरा[संपादन करीं]

जफराबाद (IR Station code ZBD) भारतीय रेलवे के उत्तरी रेलवे (भारत) जोन के इलाहाबाद डिवीजन के तहत एगो महत्वपूर्ण रेलवे जंक्शन स्टेशन बा।

ई उत्तर दिशा में जौनपुर जंक्शन, पूरब दिशा से जंघई जंक्शन, फाफामऊ जंक्शन, इलाहाबाद, दक्खिन-पूरुब दिशा में वाराणसी जंक्शन आ उत्तर-पश्चिम दिशा में सुल्तानपुर जंक्शन के जोड़े ला। [3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "Census of India: Jafarabad". www.censusindia.gov.in. Retrieved 2 November 2020."Census of India: Jafarabad". www.censusindia.gov.in. Retrieved 2 November 2020.
  2. "Census of India 2001: Data from the 2001 Census, including cities, villages and towns (Provisional)". Census Commission of India. Archived from the original on 16 June 2004. Retrieved 1 November 2008.
  3. Indian railways