गंगा एक्सप्रेसवे एगो नया बन रहल एक्सप्रेसवे बा। ई भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में 594 किमी (369 मील) लमहर, 6- लेन (8 तक बिस्तार हो सके ला) चाकर ग्रीनफील्ड एक्सप्रेसवे हवे। एकर निर्माण दू चरण में हो रहल बा। फेज-1 मेरठ जिला के एनएच-334 पर पड़े वाला बिजौली गाँव के प्रयागराज जिला के एनएच-19 पर जुदापुर डांडू गाँव से जोड़ी, जबकि फेज-2 में एक्सप्रेसवे के दुनों ओर के विस्तार कइल जाई: प्रयागराज से बलिया ले आ मेरठ से हरिद्वार तक ले। एक्सप्रेसवे के शिलान्यास प्रधानमंत्रीनरेंद्र मोदी द्वारा 18 दिसंबर 2021 के, शाहजहांपुर में कइल गइल रहे।[1] एह एक्सप्रेसवे के बनावे के काम दिसंबर 2024 ले पूरा होखे के उमेद बा।[2]