इंटरव्यू एक ठो माहवार छपे वाली अमेरिकी पत्रिका बाटे। एकर स्थापना 1969 में एंडी वारहोल आ जॉन विलकॉक द्वारा भइल। एह में सेलिब्रिटी आ बड़ा नामी हस्ती लोग के इंटरभ्यू छपे ला, आमतौर पर बिना संपादन के या बहुत कम छेड़छाड़ वाला संपादन के बाद।