शिगमो

विकिपीडिया से

शिगमो चाहे शिग्मो गोवामहाराष्ट्र के कोंकण इलाका के तिहुआर हवे।[1] इहो बसंत के, चाहे गर्मी के सीजन शुरू होखे के उपलक्ष में मनावल जाये वाला तिहुआर हवे आ होलिये नियन इहो फागुन महीने के पुर्नवासी से जुड़ल बा।[2] पूर्णिमा के पाँच दिन पहिले से ई तिहुआर सुरू हो जाला। नाच-गाना आ खुसी मनावल एह तिहुआर के बिसेस्ता हवें। एकरे नाँव के उत्पत्ती संस्कृत के सुग्रीष्मक से बतावल जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Team, Grihalaxmi. Grihalaxmi (हिंदी में). Diamond Pocket Books Pvt Ltd.
  2. Kukreti, Hemant (19 जनवरी 2021). Bharat Ki Lok Sanskriti (हिंदी में). Prabhat Prakashan. ISBN 978-93-5266-789-5.