वीडियो ऑन डिमांड

विकिपीडिया से

वीडियो ऑन डिमांड (अंग्रेजी: Video on demand), चाहे संछेप में वीओडी (VOD), एगो मीडिया डिस्ट्रीब्यूशन सिस्टम हवे जेह में यूजर लोग बिना कवनो परंपरागत वीडियो प्लेबैक डिवाइस आ बिसेस स्थिर ब्राडकास्टिंग शेड्यूल के बाधा के वीडियो सभ के एक्सेस क सके ला। 20वीं सदी में ओवर-द-एयर प्रोग्रामिंग के रूप में प्रसारण (ब्राडकास्टिंग) मीडिया बितरण के सभसे आम तरीका रहल।हालाँकि, एकरे बाद जइसे-जइसे 1990 के दशक में इंटरनेट आ आईपीटीवी टेक्नोलॉजी के बिकास भइल, उपभोक्ता लोग सामग्री के खपत के गैर-पारंपरिक तरीका के ओर आकर्षित होखे लागल, जेकरे चरम रूप में टेलीविजन आ पर्सनल कंप्यूटर पर वीओडी के आगमन भइल।[1]

ब्राडकास्टिंग टेलीविजन के बिपरीत, वीओडी सिस्टम सभ में सुरुआत में हर सिस्टम के सामग्री तक पहुँचे खातिर हर यूजर के काफी बैंडविड्थ वाला इंटरनेट कनेक्शन होखे के जरूरत पड़े ला। साल 2000 में फ्रॉनहॉफर इंस्टीट्यूट आइआइएस [2] जेपीईजी2000 कोडेक के बिकास कइलस जेह में डिजिटल सिनेमा पैकेज के माध्यम से फिलिम सभ के बितरण हो सके ला। एकरे बाद से ई टेक्नालॉजी फीचर-फिल्म प्रोडक्शन से ले के आपन सेवा के बिस्तार क के प्रसारित टेलीविजन प्रोग्राम सभ के भी सामिल कइ लिहले बा आ एकरे कारण वीओडी एप्लीकेशन सभ खातिर बैंडविड्थ के जरूरत कम हो गइल बा। एकरे बाद डिज्नी, पैरामाउंट, सोनी, यूनिवर्सल आ वार्नर ब्रदर्स नियर कंपनी सभ 2002 में डिजिटल सिनेमा इनिशिएटिव[3] लांच कइलें।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Advertising Terminology: A Primer for the Uninitiated or Confused". Videa (अमेरिकी अंग्रेजी में). 16 May 2016. Archived from the original on 25 December 2018. Retrieved 24 December 2018.
  2. Martínez-del-Amor, Miguel Á.; Bruns, Volker; Sparenberg, Heiko (2017). Tescher, Andrew G. (ed.). "Parallel efficient rate control methods for JPEG 2000". Applications of Digital Image Processing XL. 10396: Paper 103960R, 16. Bibcode:2017SPIE10396E..0RM. doi:10.1117/12.2273005. ISBN 9781510612495. S2CID 64573078.
  3. "Digital Cinema Initiatives (DCI) - Digital Cinema System Specification, Version 1.2". DCIMovies.com. Retrieved 4 September 2019.