विश्वज्ञानकोष

भोजपुरी विकिपीडिया से
अहिजा जाईं: परिभ्रमण, खोजीं

विश्वज्ञानकोष, विश्वकोष या ज्ञानकोष अईसन किताब के कहल जाला जेमें विश्वभर के तरह तरह के जाने लायक बात के समावेश होखेला। विश्वकोश के अर्थे ह विश्व के समस्त ज्ञान के भंडार। अत: विश्वकोश उ कृति ह जेमें ज्ञान के सब डाढ के समावेश होखेला। ई में वर्णानुक्रमिक रूप में व्यवस्थित अन्यान्य विषयवन पर संक्षिप्त बाँकी तथ्यपूर्ण निबंधवन के संकलन रहेला। ई संसार के समस्त सिद्धांतवन के पाठ्यसामग्री ह। विश्वकोश अंग्रेजी शब्द "इनसाइक्लोपीडिया" के समानार्थी बा, जौन ग्रीक शब्द इनसाइक्लियॉस (एन = ए सर्किल तथा पीडिया = एजुकेशन) से निर्मित भईल बा। ई के अर्थ शिक्षा के परिधि अर्थात् निर्देश के सामान्य पाठ्यविषय ह।

ई किस्म के बात अनंत बा, ई खातिर कौनो भी विश्वज्ञानकोष के कबो पूरा कह के ना मानल जा सकता। विश्वज्ञानकोष में सब विषयवन के लेख हो सकेला बाँकी एक विषय वाला विश्वकोश भी होखेला। विश्वकोष में उपविषय (टाँपिक), उ भाषा के वर्णक्रम के अनुसार व्यवस्थित करल गईल होखेला।

ब्यक्तिगत औजार

Variants
Actions
परिभ्रमण
विविध
भारतीय विकिपीडिया
औजार-पेटी
अन्य भाषा में