विकिपीडिया:Vandalism

विकिपीडिया से

विकिपीडिया पर, उत्पात चाहे बर्बरता (vandalism), अइसन कौनहूँ संपादन (भा बेहवार) हवे जे विकिपीडिया के मकसद में बेवधान पैदा करे खातिर भा रोके खातिर जानबूझ के कइल गइल होखे, जबकि हमनी के मकसद इहाँ दुनियाँ खातिर एगो ज्ञानकोश बनावल बा, बिबिध भाषा सभ में, जहँवा सगरी ज्ञान के संछेप में उपलब्ध करावल जा सके।

जानबूझ के खराब नीयत से विकिपीडिया के सामग्री हटावल, चाहे ओकरा के अइसन चीज से बदल दिहल जे एकदम अनबूझ होखे, चाहे अइसन चीज जोड़ल चाहे पहिले के चीज के अइसन तरीका से बदल दिहल जे हमनी के कोर नीति सभ - तटस्थ नजरिया, सत्यापन जोग सामग्री, आ मूल रिसर्च मनाही के सफ्फा उलंघन होखे, विकिपीडिया के जानबूझ के नोकसान पहुँचावे के कोसिस हवे आ ई उत्पात भा बर्बरता हवे। एकरे अलावा कुछ नौसिखुआ किसिम के बदलाव उत्पात में गिनल जा सके लें जइसे कि कौनों पन्ना पर बेमलतब हँसी-मजाक भा अशलील चीज जोड़ल, अबैध तरीका से पन्ना खाली कइल, चाहे एकदम्मे फालतू चीज जोड़ल उत्पात हवे। कौनों प्रयोगकर्ता भाषा आईपी के प्रयोगकर्ता पन्ना भाषा वार्ता पन्ना पर गारी-गुप्ता भा मानहानि करे वाला चीज जोड़ल, चाहे अइसन पन्ना बनावल उत्पाते हवे।

अनजाने में चाहे गलती से कइल गइल बदलाव बर्बरता ना कहाला। हालाँकि, अइसनो बेहवार बिघटन कारी हो सके ला।

मना करे के बावजूद उत्पात आ बर्बरता के काम जारी रखे पर संपादक लोग के संपादन करे पर रोक लगावल जा सके ला।