वन महोत्सव

विकिपीडिया से

वन महोत्सव (अरथ: बन के तिहुआर) भारत में जुलाई महीना के पहिला हप्ता में मनावल जाए वाला एगो उत्सव ह जेह में लोग फेड़ लगावे ला। एकरा के भारत में, आर्बोर डे के समकक्ष मानल जा सके ला; जबकि आर्बोर डे फेड़ लगावे के दिवस भा दिन खातिर एगो इंटरनेशनल नाँव ह। बन महोत्सव सरकारी संस्था, इस्कूल-कॉलेज, गैर-सरकारी संगठन आ निजी तौर प लोगनद्वारा फेड़ लगा के मनावल जाए वाला सेलिब्रेशन हवे। सरकार एकरा खातिर निर्देश आ प्रोत्साहन देले।

इतिहास[संपादन करीं]

कुछ लोग एकर सुरुआत रबींद्रनाथ टैगोर के पहल से माने ला जब ऊ 1928 में हलकर्षण उत्सव मनावे के सुरुआत कइलन।[1] बाकी, फेड़ लगावे के काम के उत्सव के रूप में मनावे के इतिहास 1947 से बतावल जाला जब दिल्ली के पुराना किला इलाका में कचनार के गाँछ लगा के एकरा के औपचारिक रूप से मनावल गइल।[2] बाद में 1950 में के. एम. मुंशी द्वारा ई जुलाई के पहिला हप्ता में क दिहल गइल आ औपचारिक रूप से एकर नाँव वन महोत्सव रखल गइल।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Sigi, Rekha (2006). Gurudev Ravindra Nath Tagore A Biography (अंग्रेजी में). Diamond Pocket Books (P) Ltd. ISBN 978-81-89182-90-8.
  2. Randhawa, M. S. (1957). Flowering Trees In India. Indian Council Of Agricultural Research. p. 132. Retrieved 8 दिसंबर 2023.