मूल अधिकार

विकिपीडिया से

मूल अधिकार भा मौलिक अधिकार ((अंग्रेजी: Fundamental rights), फंडामेंटल राइट्स) कवनो संबिधान द्वारा प्रगट भा निहित रूप[1] से दिहल गइल कुछ मूलभूत अधिकार होखे लें जिनहन के ओह संबिधान के लागू होखे के क्षेत्र में, कौनों कानून बनावत समय भा लागू करत समय जरूर सुरक्षित रखल जाला; अगर कवनो कानून भा बिधान इनहन के कम करे भा एह अधिकारन के हनन करे तब ऊ कानून असंबैधानिक मानल जाला।

एगो जनरल स्वरुप में मूल अधिकार, कौनों संसदीय कानून के निर्माण में सावधानी पूर्वक नीचे दिहल गइल लोग के कुछ अधिकार के संरक्षण सुनिश्चित करे लें:

  • मेजारिटी
  • माइनारिटी
  • हरेक सदस्य
  • नामौजूद (एब्सेंटी), आ
  • एह सगरी लोग के सामूहिक रूप से।[2]

कुछ सर्बस्थानी (युनिवर्सल) मानव अधिकार सभ के पहिचान यूनाइटेड नेशंस के युनिवर्सल डिक्लेयरेशन ऑफ ह्यूमन राइट्स[3], यूनाइटेड नेशंस के नागरिक आ राजनीतिक अधिकार पर युनिवर्सल कोवेनेंट[4][5], या फिर आर्थिक सामाजिक आ सांस्कृतिक अधिकार पर इंटरनेशनल कोवेनेंट में देखल जा सके ला।

इतिहास[संपादन करीं]

मूल अधिकार चाहे अइसन बेसिक निजी अधिकार देवे वाला वाला दस्तावेज, जइसे कि मैग्ना कार्टा (1215), इंग्लिश बिल ऑफ राइट्स (1689), फ्रांसीसी डिक्लेरेशन ऑन द राइट्स ऑफ मैन एंड सिटीजन (1789), आ अमेरिकी संविधान आ बिल ऑफ राइट्स (1791) कुछ शुरूआती लिखल दस्तावेज बाड़ें जे आज के कई गो मानवाधिकार दस्तावेजन के पुरखा मानल जा सके लें।[6]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Fundamental Right Legal Definition | Merriam-Webster Law Dictionary". Merriam-webster.com. Retrieved 2017-07-28.
  2. "National Association of Parliamentarians » Fundamental Rights". Parliamentarians.org. Archived from the original on 2017-07-04. Retrieved 2017-07-28.
  3. "The Universal Declaration of Human Rights". un.org.
  4. "UN Covenant on Civil and Political Rights". Hrweb.org. 1994-07-07. Retrieved 2017-07-28.
  5. "International Covenant on Civil and Political Rights". OHCHR. 1976-03-23. Retrieved 2017-07-28.
  6. फ्लावर्स, नैंसी. "A Short History of Human Rights". hrlibrary.umn.edu. Retrieved 11 मई 2024.