फिबोनाची रीट्रेसमेंट

विकिपीडिया से

फाइनेंस में, फिबोनाची रिट्रेसमेंट (अंग्रेजी: fibonacci retracement) सपोर्ट आ रेजिस्टेंस के लेवल भा लाइन के निर्धारण खातिर टेक्नीकल एनालिसिस के तरीका हवे। एकर नाँव संख्या सभ के फिबोनाची सीरीज के नाँव पर रखल गइल बा, जिनहन के अनुपात से दाम (प्राइस) के स्तर मिले ला जेह पर बाजार सभ कौनों चाल के कुछ हिस्सा के रिट्रेस करे के प्रवृत्ति रखे लें, एकरे पहिले कि कौनों रुझान मूल दिशा में जारी रहे।