Jump to content

डाऊ थियरी

विकिपीडिया से

शेयर मार्केट में शेयर सब के दाम के उतार-चढ़ाव के बारे में डाऊ थियरी टेक्निकल एनालिसिस के हिस्सा हवे आ कुछ हद तक कि सेक्टर रोटेशन के चीजन के शामिल करे ले। ई थियरी परसिद्ध अमेरिकी अखबार दि वाल स्ट्रीट जर्नल में छपल चार्ल्स एच. डाऊ (1851-1902) के 255 गो एडिटोरियल सभ पर आधारित हवे। चार्ल्स डाऊ परसिद्ध पत्रकार आ दि वाल स्ट्रीट जर्नल के संस्थापक आ पहिला संपादक रहलें; ऊ डाऊ जोन्स एंड कंपनी के सह-संस्थापको रहलें। उनुका मौत के बाद विलियम पीटर हैमिल्टन, रॉबर्ट रीया आ ई. जोर्ज शेफर मिल के उनके संपादकीय सब के एकट्ठा कइल आ ओकरा के बेवस्थित रूप दे के डाऊ थियरी के रूप दिहल। चार्ल्स डाऊ खुद ना त कबो एह टर्म डाऊ थियरी क इस्तेमाल कइलें ना एकरा के कौनों ट्रेडिंग सिस्टम के रूप में सोझा रखलें।

कैंडलस्टिक के आगमन से पहिले पच्छिमी देस सभ में डाउ थ्योरी के बहुत प्रयोग भइल। दरअसल, डाउ थ्योरी के कांसेप्ट सब के आजुओ इस्तेमाल हो रहल बा। बढ़िया ट्रेडर लोग कैंडलस्टिक पैटर्न आ डाउ सिद्धांत के बेहतरीन तरीका से एक दुसरे के साथे मिला के अपना लाभ खातिर इस्तेमाल करे लें।

बेसिक टेनेंट[संपादन करीं]

डाऊ थियरी के छ गो मूलभूत मान्यता भा बिस्वास हवें जिनहन प ई आधारित हवे। इनहना के बेसिक टेनेंट्स कहल जाला:

बिस्लेषण[संपादन करीं]

डाउ थ्योरी के अनुसार बाजार में तीन गो अलग अलग फेज बा जवन बार बार वापस आवत रहेला, एकरा के एक्यूम्यूलेशन, मार्क अप आ डिस्ट्रीब्यूशन फेज कहल जाला|

डाउ पैटर्न[संपादन करीं]

कैंडलस्टिक के नियन डाउ थ्योरी में भी कुछ महत्वपूर्ण पैटर्न बा। एह पैटर्न के आधार पर ट्रेडर लोग अपना खातिर बढ़ियां ट्रेड के अवसर खोज सकेलें। कुछ पैटर्न के बारे में हमनी के जानल चाहीं:

  • डबल बॉटम & डबल टॉप फॉर्मेशन
  • ट्रिपल बॉटम & ट्रिपल टॉप
  • रेंज फार्मेंशन
  • झंडा फार्मेंशन

इहो देखल जाय[संपादन करीं]