ट्रिवार्था के जलवायु वर्गीकरण

विकिपीडिया से
ट्रिवार्था के जलवायु प्रकार सभ के बिस्व के नक्शा पर बितरण

ट्रिवार्था के जलवायु वर्गीकरण (Trewartha climate classification) एगो जलवायु बर्गीकरण के सिस्टम हवे। ई अमेरिकी भूगोलवेत्ता जी. टी. ट्रिवार्था दिहले रहलें आ ई पहिली बेर अमेरिकन ज्याग्रफर जर्नल में 1966 में छपल। ई सिस्टम कोपेन-गीगर बर्गीकरण में सुधार के कोसिस रहल आ एकर मकसद पहिले के सिस्टम के कमी सभ के दूर कइल रहल। खासतौर प ई बिचला अक्षांस वाला इलाका सभ के जलवायु बर्गीकरण के ओह इलाका के बनस्पति आ मौसम सिस्टम के हिसाब से अउरी सटीक तरीका से बिभाजित कइल रहल।

ट्रिवार्था अपने एह सिस्टम में पूरा बिस्व के जलवायु के छ गो मुख्य प्रकार सभ में बँटलें; A, B, C, D, E आ H के नाँव से प्रमुख ग्रुप बनावल बाड़ें आ दुसरा अक्षरन के इस्तेमाल से इनहन के फिर उपबिभागन में बाँटल गइल बा।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]