टौंस नदी, अयोध्या-अकबरपुर

विकिपीडिया से

टौंस नदी चाहे तमसा नदी उत्तर प्रदेश के अजोध्या आ अकबरपुर जिलन में बहे वाली एगो नदी बाटे। ई 151.4 किलोमीटर (94.1 मील) लमहर नदी अयोध्या जिला के लखनीपुर ग्राम पंचायत के बसोढ़ी गाँव से निकले ले आ अकबरपुर जिला में कटहरी गाँव के लगे बिसुही नदी में मिल जाले; बिसुही आगे जा के सरजू नदी में मिले ले।

तमसा नदी के पौराणिक मानल जाला आ ई मानल जाला कि श्रीराम एही नदी के तीरे पहिला दिन बिस्राम कइले रहलें, जब ऊ बन के जात रहलें।[1] एह नदी के जीर्णोद्धार के काम प्रशासन द्वारा करवावल गइल बाटे।[2][3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "अयोध्या.. रामायण कालीन विसुही नदी को लिख दिया नाला, आक्रोश". दैनिक भास्कर. Retrieved 28 फरवरी 2023.
  2. "बिसुही नदी के उद्धार को करनी होगा 67 किमी खोदाई". अमर उजाला (हिंदी में). Retrieved 28 फरवरी 2023.
  3. "Extinct Tamsa of Ramayana lore being revived in Ayodhya". दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया. 7 जनवरी 2019. Retrieved 28 फरवरी 2023.