टीका

विकिपीडिया से
एगो नेपाली औरत अपना माथ पर टीका लगवले बाड़ी
बियाह के रसम के समय दुलहा के स्वागत में टीका लगावल जा रहल बा।

धार्मिक संस्कृति में टीका लिलार भा माथ पर लगावल जाये वाला एक किसिम के निशान भा चीन्हा होला। संस्कृत में एकरा के तिलक कहल जाला। आमतौर पर ई चीन्हा दुनों भौहाँ के बीचा में, लिलार के ठीक बीचोबीच भा कुछ ऊपर नीचे लगावल जा सके ला, जहाँ योग में आज्ञा चक्र के स्थिति मानल जाला। हिंदू धरम के अलावा ई बौद्ध, जैन आ अउरियो धर्म सभ में चलन में बाटे आ एकर बिबिध रूप बाने।

कौनों धार्मिक कार-परोज, रसम-रिवाज के मोका पर टीका लगावल आम चलन के चीज हवे हालाँकि, कुछ लोग एकरा के रोजो लगावे वाला हो सके ला। कहीं आवे जाये पर टीका लगा के बिदा करे आ आगमन पर टीका लगा के स्वागत भा अगुवानी करे के रिवाज चलन में हवे।

टीका के माथ पर जगह आ एकर साइज आ आकृति बिबिध किसिम के हो सके ला आ सभके अलग-अलग मतलब भा पहिचान भी हो सके ला।