ग्लोबल रिकॉर्ड्स

विकिपीडिया से

ग्लोबल रिकार्ड्स एगो रोमानियाई स्वतंत्र रिकार्ड लेबल हवे जेकर स्थापना 2008 मे स्टीफन लुसियन कइले रहन। ई पूरा प्रबंधन सेवा के रूप मे शुरू भइल, इनहन लोग के पहिला साइन कइल कलाकार इन्ना रहली, जे "हॉट" (माने: गरम; 2008), "लव" (माने: नेह; 2009), "डेजा वु" (2009), "अमेजिंग" (2009) आ "सन इज अप" (2010) नियर एकल गीत सभ के साथ ब्यापारिक सफलता हासिल कइली। साल 2021 तक ले, इन्ना पिछला 10 साल में सीईएमईए-मध्य आ पूर्वी यूरोप, मध्य पूर्व आ अफिरका मे सभसे सफल कलाकार रहल बाड़ी।