एफ़िक्स

विकिपीडिया से

भाषा बिज्ञान में एफ़िक्स चाहे अफ़िक्स (अंग्रेजी: afix; उच्चा. /ˈæf.ɪks/ भा /əˈfɪks/) अइसन मॉर्फ़ीम होला जे कौनों शब्द भा शब्द-मूल (स्टेम) में जुड़ के नया शब्द चाहे शब्द के नया रूप बनावे ला। परिभाषा अनुसार ई अलग करे जोग ना होलें; हालाँकि, कुछ प्रीफ़िक्स आया सफ़िक्स सभ के अलगो कइल जाल सके ला। संस्कृत व्याकरण के उपसर्गप्रत्यय सभ अफ़िक्स हवें। भोजपुरी में संस्कृत के अलावा अउरियो देसी आ बिदेसी भाषा सभ से अइसन अफ़िक्स आइल बाड़ें।

शब्दमूल से पहिले जुड़े वाला प्रीफ़िक्स आ बाद में जुड़े वाला सफ़िक्स होला; हालाँकि, इनहन के अउरी कई किसिम बाड़ें जइसे कि सर्कम्फिक्स (circumfix), डुप्लीफ़िक्स (duplifix), इन्फ़िक्स (infix) वगैरह।

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]