इलेक्ट्रोमैग्नेटिक रेडिएशन

विकिपीडिया से

भौतिक बिज्ञान में, इलेक्ट्रोमैग्नेटिक रेडिएशन (EM) इलेक्ट्रोमैग्नेटिक फ़ील्ड के तरंग सभ से बनल होला जे स्पेस में फइले ला आ इनहन में मूमेंटम आ इलेक्ट्रोमैग्नेटिक रेडियेंट एनर्जी होखे ला। एकरे बिबिध प्रकार सभ में सुरुज के रोशनी (देख्लाई पड़े वाला प्रकाश), रेडियो तरंग, माइक्रोवेव, अल्ट्रावायलेट किरन, एक्स-रे आ गामा रे सभ सामिल होखे लीं, ई सगरी किसिम के तरंग सभ एगो खास सीरीज में भा क्रम में बेवस्थित होखे लीं जेकरा के इलेक्ट्रोमैग्नेटिक स्पेक्ट्रम कहल जाला।