इंडोलॉजी

विकिपीडिया से

इंडोलॉजी (अंग्रेजी: indology, हिंदी: भारतविद्या), जेकरा के दक्खिन एशियाई अध्ययन (साउथ एशियन स्टडीज़) के दुसरको नाँव से जानल जाला, भारतीय उपमहादीप के इतिहास आ संस्कृति, भाषा आ साहित्य के एकेडमिक अध्ययन हवे; एह तरीका से ई एशियाई अध्ययन के हिस्सा हवे; जे ख़ुद यूरोप में ओरिएंटल स्टडीज़ के बड़हन शाखा के रूप में जानल जाले।

इंडोलॉजी (जर्मन में, Indologie) शब्द अक्सर जर्मन बिद्वानता से जुड़ल चीज रहल बा आ जर्मन आ कंटीनेंटल यूरोपीय इन्वर्सिटी सभ में विभागीय टाइटिल सभ में एकर इस्तेमाल बेसी होला जबकि एंग्लोफोन एकेडमिक्स में एकर इस्तेमाल तुलना में कम्मे होखे ला। जर्मन इंडोलॉजी अपना के खास अध्ययन बिधि के रूप में परिभाषित कइलस।[1] नीदरलैंड में डच ईस्ट इंडीज में औपनिवेशिक सेवा के तइयारी में भारतीय इतिहास आ संस्कृति के अध्ययन करे वाली शाखा के नाँव देवे खातिर इंडोलॉजी शब्द के इस्तेमाल कइल गइल।

क्लासिकल इंडोलॉजी में मुख्य रूप से संस्कृत साहित्य, पाली आ तमिल साहित्य के भाषाई अध्ययन के साथे-साथ धर्मिक धर्म (जइसे कि हिंदू धर्म, बौद्ध धर्म, जैन धर्म इत्यादि) सभ के अध्ययन सामिल कइल जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Adluri, V.; Bagchee, J. (2014). The Nay Science: A History of German Indology. Oxford University Press. p. 8. ISBN 978-0-19-993135-4. Retrieved 12 November 2023.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]