सैमुएल टेलर कूलरिज

विकिपीडिया से
सैमुएल टेलर कूलरिज
कूलरिज, 1795 में
कूलरिज, 1795 में
जनम(1772-10-21)21 अक्टूबर 1772
ओट्टेरी सेंट मैरी, डिवोन, इंग्लैंड
निधन25 जुलाई 1834(1834-07-25) (उमिर 61)
हाइगेट, मिडिलसेक्स, इंग्लैंड
पेशाकवी, समालोचक, दार्शनिक
महतारी संस्थाजीसस कॉलेज, कैंब्रिज
साहित्यिक आंदोलनरोमांटिसिस्म
प्रमुख रचनादि राइम ऑफ दि एनशियेंट मैरिनर, कुब्ला खान, क्राइस्टबेल
जीवनसाथीसारा फ्रिकर
संतानसारा कूलरिज, बर्कले कूलरिज, डरवेंट कूलरिज, हार्टली कूलरिज
दसखत

सैमुएल टेलर कूलरिज (अंग्रेजी: Samuel Taylor Coleridge; /ˈkləˌrɪ/; 21 अक्टूबर 1772 – 25 जुलाई 1834) एगो अंगरेज कवी, समालोचक आ दार्शनिक धर्मशास्त्री रहलें। इनके साथी विलियम वर्ड्स्वर्थ के साथे, इनके रोमांटिक आंदोलन के सुरुआत करे खाती जानल जाला आ ई लेक पोएट्स के सदस्य रहलें। दि राइम ऑफ दि एनशियेंट मैरिनरकुब्ला खान इनके प्रमुख काब्यात्मक रचना हई आ प्रमुख गद्य रचना बायोग्रैफिया लिटरेरिया हवे। इनके समालोचक के रूप में कृति बिसेस रूप से शेक्सपियर पर इनके समालोचना बहुत परभावशाली रहल, इनके समालोचना जर्मन आदर्शवाद के दर्शन के इंग्लैंड में स्थापना में महत्व वाला चीज रहल। इनकर काफी परभाव इमर्सन नियर लेखक पर आ अमेरिकी ट्रांसेंडेंटलिस्म पर परल।

अपना पूरा जिनगी, कूलरिज कई किसिम के एंग्जाइटी आ डिप्रेसन नियर मानसिक बेमारी से ग्रस्त रहलें। इहो अनुमान लगावल जाला की ऊ बाइपोलर डिसऑर्डर के मरीज रहलें, हालाँकि ओह समय में ई मानसिक बेमारी अभिन परिभाषित ना भइल रहल।[1] शरीसे अस्वस्थ रहलें, र्यूमेटिक बोखार से ग्रस्त होखे के बाद उनके अइसन स्थिति भइल आ अउरी बचपन में भइल बेमारी सभ के असर भी जिनगी भर रहल। एह सभ के इलाज के दौरान उनके अफीम के लत लागल जे जिनगी भर रहल।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Jamison, Kay Redfield. Touched with Fire: Manic-Depressive Illness and the Artistic Temperament. Free Press (1994.), 219–224.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]