सती (देवी)

विकिपीडिया से
सती
देवनागरीसती

सती या दाक्षायणी भगवान् शिव के पहिली पत्नी रहली। ऊ प्रजापति दक्ष आ प्रसूति के लइकी रहली। पौराणिक कथा की मोताबिक अपनी पिता द्वारा यज्ञ में शिव जी के ना बोलावे आ उनकर अपमान के कारण ऊ यज्ञ की कुण्ड में जरि के आपन जान दे दिहली।

एह पौराणिक घटना के संबंध कुछ-कुछ मात्रा में भारत में पहिले की समय में प्रचलन में रहल सती होखे के रिवाज से भी जोड़ल जाला, जेवना में पति के मरले की बाद मेहरारुओ ओहि की चिता में जरि जांस लोग आ उनुकरा लोगन के सती की रूप में महिमामंडित कइल जाव।[1]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Kinsley, David (1987, reprint 2005). Hindu Goddesses: Visions of the Divine Feminine in the Hindu Religious Tradition, Delhi: Motilal Banarsidass, ISBN 81-208-0394-9, p.35