मौनी अमौसा

विकिपीडिया से

मौनी अमौसा एगो हिंदू परब हवे जहिया ब्रत, पूजा आ नहान वगैरह के धार्मिक रिवाज सभ के अनुसार माघ महीना के अमौसा मनावल जाला।[1] हिंदू धर्म में तीन गो अमौसा सभ के खास महत्त्व हवे - कुआर के महालय अमौसा, कातिक के अमौसा यानी दिपावली, आ तीसरा ई माघ के अमौसा जेकरा के मौनी अमौसा के रूप में मनावल जाला।[2] मौनी अमौसा के, मौन रह के नहान-धियान आ पूजा करे के बिधान हवे,[3] यानी मुनि लोग के नियर आचरण करे के होला।[1]

मौनी अमौसा, इलाहाबाद में लागे वाला माघ मेला आ हर बारहवाँ बरिस लागे वाला कुंभ मेला के सभसे प्रमुख नहान परब भी हवे, जहिया एह मेला के सभसे ढेर भीड़ होला।[4][5]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 Rampratap Tripathi (1966). Hinduoṃ ke vrata, parva aura tyauhāra: hindūoṃ ke sampūrṇa vratoṃ, parvoṃ aura tyauhāroṃ kī śāstrīya vidhi, māhātmya tathā paurāṇika evaṃ loka-kathāem̐. Loka-Bhāratī Prakāśana.
  2. विद्यानिवास मिश्र (2008). हिंदू धर्म : जीवन में सनातन की खोज. राजकमल प्रकाशन. pp. 78–. ISBN 978-81-7119-043-0.
  3. महेश शर्मा (2013). हिंदू धर्म विश्वकोश. प्रभात प्रकाशन. pp. 196–. ISBN 978-93-5048-447-0.
  4. "Kumbh Mela Dates in 2001". Courses.missouristate.edu. Retrieved 2018-01-12.
  5. "SCI/TECH | Kumbh Mela pictured from space". BBC News. 2001-01-26. Retrieved 2018-01-12.