मॉस्कोवियम

विकिपीडिया से

मास्कोवियम (अंग्रेजी: Moscovium) एगो सिंथेटिक रासायनिक तत्व हवे। एकर रासायनिक चीन्हा Mc हवे (अंग्रेजी के कैपिटल अच्छर एम आ स्माल अच्छर सी)। ई तत्व पीरियाडिक टेबल में सातवाँ पीरियड में आ पनरहवाँ ग्रुप में रखल जाला। एकरा पहिलका बेरा अमेरिका अउरी रुस के वैज्ञानिक लोग एक्के संघे मिलि के बनवले रहे।