बिस्व हिंदी दिवस

विकिपीडिया से

बिस्व हिंदी दिवस हर साल १० जनवरी के मनावल जाला। ई दिवस विश्व में हिंदी के बढ़ावा देवे खातिर आ हिंदी के एक ठो अंतर्राष्ट्रीय भाषा के रूप में परतिष्ठा दियावे खातिर मनावल जाला।

इतिहास[संपादन करीं]

पहिला विश्व हिंदी सम्मलेन 10 जनवरी 1975 के नागपुर में भइल आ एक उद्घाटन तत्कालीन परधानमंत्री इंदिरा गाँधी द्वारा भइल।[1] एही उपलक्ष्य में मनमोहन सिंह सरकार द्वारा विश्व हिंदी दिवस मनावे के घोषणा कइल गइल। पहिली बेर विश्व हिंदी दिवस 10 जनवरी 2006 के मनावल गइल। तबसे ई हर साल एह तारीख के मानवल जाला।

कार्यक्रम[संपादन करीं]

सरकारी कार्यक्रम के रूप में बिस्व हिंदी दिवस भारत सरकार के कार्यालय सभ में मनावल जाला। ई दिन भारत के दूतावास सभ पूरा दुनिया में खास कार्यक्रम आयोजित करे लें।[2] भारत सरकार के बिदेस मंत्रालय भी विश्व हिंदी दिवस पर बिबिध कार्यक्रम के आयोजन करे ला।[3] साल 2016 में भोपाल में आयोजित सम्मेलन में भाषण देत समय भारत के परधानमंत्री नरेंद्र मोदी ई स्वीकार कइलेन की हिंदी भारत में एक ठो सर्वमान्य भाषा हवे।[4] हर साल की तरह साल 2017 में भी बिस्व के अलग अलग जगह विश्व हिंदी दिवस मनावल जाए के तइयारी बाटे।[5]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "प्रथम विश्व हिंदी सम्मेलन | विश्व हिंदी सम्मेलन World Hindi Conference विदेश मंत्रालय, भारत सरकार Ministry of External Affairs, Government of India". Vishwahindisammelan.gov.in. 2016-01-29. Retrieved 2017-01-10.
  2. "International Hindi day | 10 जनवरी : आज विश्व हिंदी दिवस है... | Webdunia Hindi". Hindi.webdunia.com. 2014-01-10. Retrieved 2017-01-10.
  3. "''World Hindi Day'' Celebration on 10th जनवरी, 2015". Mea.gov.in. Retrieved 2017-01-10.
  4. "हिंदी दिवस विशेष : अमेरिका भी जान रहा है हिंदी की ताकत, यदि हिंदी भाषी हैं, तो लगने वाली है लॉटरी..!– News18 India". Hindi.news18.com. 2016-09-14. Retrieved 2017-01-10.
  5. "काहिरा में मनाया जाएगा विश्व हिंदी दिवस". Khabar.ndtv.com. 2017-01-06. Retrieved 2017-01-10.