पेपा पिग

विकिपीडिया से
Peppa Pig
बिधा
  • प्रीस्कूल
रचना
  • नेविल एस्टली
  • मार्क बेकर
लेखक
  • नेविल एस्टली
  • मार्क बेकर
  • फिलिप हाल
डाइरेक्टर
  • नेविल एस्टली
  • मार्क बेकर
  • फिलिप हाल (2011)
  • जोरिस वान हुल्जेन (2011)
उत्पत्ती देसयूनाइटेड किंगडम
मूल भाषा(सब)अंग्रेजी
सीरीज संख्या5
एपिसोड नं.254
प्रोडक्शन
प्रोड्यूसरफिल डेवीज
प्रसारण काललगभग 5 मिनट
रिलीज
पिक्चर फॉरमेटएचडीटीवी
ओरिजिनल रिलीज31 मई 2004 (2004-05-31) – अबतक (अबतक)
समयरेखा
संबंधित शोबेन एंड होलीज लिटिल किंगडम
बाहरी कड़ी
वेबसाइट

पेपा पिग (अंग्रेजी: Peppa Pig) एगो ब्रिटिश एनीमेशन सीरीज बाटे जेकर डाइरेक्टर आ प्रोड्यूसर एस्टली बेकर डेवीज बाड़ें जे इंटरटेनमेंट वन के साथे मिल के एकरा के प्रोड्यूस कइले बाड़ें। ई एक किसिम के प्रीस्कूल एनीमेशन सीरीज हवे, मने कि अइसन कार्टून कहानी जे में अभिन इस्कूले जाए भर से भी छोट बच्चा सभ खाती मनोरंजन के चीज सामिल कइल गइल बा। एह सीरीज के पहिला प्रसारण 31 मई 2004 के भइल। वर्तमान में ई एंड्रॉइड मोबाइल आ टैब सभ पर काफी चलनसार बाटे।

सरकार के आलोचना के चलते एकरा के चीन देस में प्रतिबंधित भी कइल गइल रहल। कुछ खबर के मोताबिक अमेरिका के बच्चा सभ एकरे चलते ब्रिटिश अंग्रेजी के टोन सीख ले रहल बाने इहो कहल गइल। वर्तमान में कुल 180 देस/क्षेत्रन में देखावल जा रहल बा।

कहानी[संपादन करीं]

पेपा चाहे पेप्पा एगो बहुत छोट पिग्गी (सुअरी के छोट बच्ची) हवे जे अपना छोट भाई जार्ज आ मम्मी पिग अउरी डैडी पिग के साथे रहे ली। पेप्पा के पसंदीदा चीजों में गेम खेलल, ड्रेसिंग कइल, बाहरें घूमल-फिरल आ गंदा गड़हा गुड़ही में कूदल सामिल बा। इनके कारनाम से हमेशा हँसी आवे ले।

संदर्भ[संपादन करीं]