पुरा उलुन दनु ब्रातन

विकिपीडिया से
झील के तीरे मंदिर के सीन।
पुरा ब्रातन is located in Bali
पुरा ब्रातन
पुरा
ब्रातन
बाली में लोकेशन

पुरा उलुन दनु ब्रातन (अंग्रेजी: Pura Ulun Danu Bratan) चाहे पुरा ब्रातन इंडोनेशिया के बाली दीप पर एगो हिंदू मंदिर बाटे। ब्रातन झील के तीरे पर बनल ई मंदिर शैव मत के मंदिर हवे आ देवी दनु के समर्पित हवे, इहाँ के मान्यता अनुसार देवी दनु पानी, झील आ नदी के देवी हई। ब्रातन झील एगो काल्डेरा झील हवे आ एह इलाका में पानी के महत्व वाला स्रोत हवे, एकरा निचला इलाका सभ में अउरी कई गो छोट मंदिर बाड़ें जे पानी से जुड़ल बाने आ सिंचनी के अलग-अलग इलाका के खातिर बनल बाड़ें।

संदर्भ[संपादन करीं]