डोमिनिका

विकिपीडिया से

निर्देशांक: 15°25′N 61°20′W / 15.417°N 61.333°W / 15.417; -61.333

Commonwealth of Dominica

डोमिनिका के झंडा
झंडा
{{{coat_alt}}}
निशान
 डोमिनिका के लोकेशन (circled in red) the Caribbean (light yellow) में
 डोमिनिका के लोकेशन (circled in red)

the Caribbean (light yellow) में

डोमिनिका के लोकेशन
राजधानी
आ सभसे बड़ शहर
रोसेऊ
15°18′N 61°23′W / 15.300°N 61.383°W / 15.300; -61.383
ऑफिशियल भाषाअंग्रेजी
रकबा
• कुल
750 किमी2 (290 वर्ग मील) (174th)
• जल (%)
1.6
जनसंख्या
• 2016 अनुमान
73,543[1] (195th)
• 2011 जनगणना
71,293[2]
• Density
105/किमी2 (271.9/वर्ग मील) (95th)
टाइम जोनपूरबी कैरेबियाई (यूटीसी–4)

डोमिनिका भा डॉमिनीका कैरेबियन सागर में एगो दीपीय देस बा। ई दीपीय देस विंडवार्ड दीप के हिस्सा हवे जे खुद लेसर एंटीलीज नाँव के दीपसमूह के हिस्सा हवे। ई इलाका कैरेबियन सागर के पूरबी हिस्सा में पड़े ला। ई दीप गुआडेलोप दीप के दक्खिन-दक्खिनपूरुब में आ मार्टिनीक के उत्तर पच्छिम में बा। एकर कुल एरिया 750 किमी2 (8.1×109 वर्ग फु) बा, इहाँ के सभसे ऊँच अस्थान मोर्ने डायाब्लोटिंस समुंद्र तल से 1,447 मी (4,747 फीट) के ऊँचाई पर बा। साल 2011 में भइल जनगणना में एकर कुल जनसंख्या 71,293 रहल।[2]

ई दीप मुख्य रूप से कालिनागो लोग द्वारा आबाद रहल, बाद में यूरोपीय लोग एकरा के उपनिवेश (कॉलोनी) बनावल, मुख्य रूप से 1690 से 1763 के बीच फ्रांसीसी लोग द्वारा ई उपनिवेशीकरण भइल। इहो बतावल जाला कि कोलंबस अपना समुंदरी जतरा के दौरान एह दीप से 3 नवंबर 1493 के गुजरल रहलें, एह दिन अतवार रहल। एही से अतवार के लैटिन भाषा के नाँव के आधार पर एह देस के बर्तमान नाव धराइल हवे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "World Population Prospects: The 2017 Revision". ESA.UN.org (custom data acquired via website). United Nations Department of Economic and Social Affairs, Population Division. Retrieved 10 September 2017.
  2. 2.0 2.1 "2011 POPULATION AND HOUSING CENSUS" (PDF). Dominica.gov.dm. Archived from the original (PDF) on 8 June 2019. Retrieved 29 August 2017.